[the_ad_group id="30365"]

पैरोल खतम, डेरा प्रमुख बाबा गुरमीत रामरहीम आजु जइहें सुनारिया जेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बागपत के बिनौली स्थित डेरा सच्चा सौदा आश्रम में डेरा प्रमुख गुरमीत राम रहीम के 40 दिन के पैरोल के समय पूरा हो गइल बा। डेरा प्रमुख आज रोहतक के सुनारिया जेल में वापस जइहें। डेरा प्रमुख गुरमीत सिंह राम रहीम 15 अक्तूबर के बरनावा के डेरा सच्चा सौदा आश्रम में पैरोल पर आइल रहनें। एह दौरान उसकर मुहबोली बेटी हनीप्रीत अउर परिवार के दूसर सदस्य भी संगे आइल रहनें। राम रहीम डेरा में रह के दीपावली पर्व अउर डेरा के संस्थापक के जन्मोत्सव भी मनवलें, हर रोज यूट्यूब अकाउंट पर ऑनलाइन हो के शाही अंदाज में मोर पंखी ले के गुरुकुल के साध संगत के मानवता भलाई के कार्य करे नशा छुड़वावे अउर गुरुमंत्र दिहलें।

एही दौरान गुरुगद्दी के ले के राम रहीम कहनें कि हम रहनी, हम बानीं, हमही रहब, ऊ हनीप्रीत के रूहानी दीदी के पद भी दिहनें। डेरा प्रमुख के 40 दिन के पैरोल के समय पूरा हो गइल। राम रहीम आजु रोहतक के सुनारिया जेल वापस चल जाई। बियफे के डेरा प्रमुख आश्रम के सेवादार अउर जिम्मेदार लोग के आशीर्वाद दे के अपने-अपने घर गइले के बात कहनें।

साध्वी यौन शोषण, पत्रकार छत्रपति अउर रणजीत सिंह हत्याकांड मामिले में सजा काट रहल डेरामुखी गुरमीत राम रहीम के 40 दिन के पैरोल खतम हो गइल बा। आजु डेरामुखी वापस जेल में चल जइहें। पैरोल खत्म होखले से पहिलही डेरामुखी ऑनलाइन सत्संग बंद कs दिहलें।

पैरोल अवधि के दौरान डेरामुखी यूपी के बागपत जिला के बरवाना स्थित आश्रम में रहनें अउर सोशल मीडिया पर एक्टिव रहनें। ऑनलाइन सत्संग के संगे-संगे अनुयायियन से सीधा संवाद भी कइलें। गुरु गद्दी हनीप्रीत के सौंपल गइले के ले के भी डेरामुखी स्पष्ट कइलें कि ऊ डेरा के गद्दी पर रहिहें

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]