[the_ad_group id="30365"]

निघासन दुष्कर्म-हत्याकांड : कांग्रेस से मिलल सहायता राशि के दू में से एक चेक भइल बाउंस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

निघासन के एक गांव में अनुसूचित जाति के दू किशोरियन के दुष्कर्म के बाद हत्या के बाद पीड़िता के पिता के कांग्रेस पार्टी के ओर से सहायता के रूप में दिहल गइल एकहक लाख रुपया के दू चेक में से एक चेक बाउंस हो गइल।
निघासन थाना क्षेत्र के गांव में बीतल सितंबर माह में दू सग्गे बहिन के दुष्कर्म के बाद हत्या कs के उनके शव के गन्ना के खेत में लागल पेड़ से लटका दिहल गइल रहे। घटना के तीन दिन बाद कांग्रेस प्रतिनिधिमंडल  पार्टी के ओर से दू चेक पीड़िता के पिता के सहायता के रूप में दिहले रहनें। मृत किशोरियन के पिता बतवलें कि ऊ ई चेक अपने बैंक खाता में लगवले रहनें।
बैंक अब उनके सूचित कइले बा कि हस्ताक्षर के मिलान न होखले से दूसरा चेक बाउंस हो गइल बा। एह संबंध में कांग्रेस के जिलाध्यक्ष प्रहलाद पटेल के कहनाम बा कि तकनीकी दिक्कत के कारण एगो चेक बाउंस भइल बा। ए चेक के धनराशि सुक्क के ऑनलाइन ट्रांजेक्शन के जरिये पीड़ित परिवार के पहुंचा दीहल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]