[the_ad_group id="30365"]

नया लुक में नजर अइहें संसद के कर्मचारी, शर्ट पs कमल के फूल, कपार पs मणिपुरी टोपी… कुछ अइसन होइ नया ड्रेस कोड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गणेश चतुर्थी के मउका पs नया संसद में कार्यवाही शुरू होखे वाला बा जवना के तइयारी तेजी से चलत बा। एही बीच संसद भवन के कर्मचारी के परिधान के लेके बड़ बदलाव कईल जाता। सूत्र के मुताबिक संसद भवन के कर्मचारी खातीर एगो नायापोशाक बनावल गईल बा। कर्मचारी लोग के नया ड्रेस भारतीयता से प्रेरित होई। संसद भवन में मौजूद मार्शल सफारी सूट के जगह क्रीम रंग के कुर्ता अवुरी पायजामा भी पहिरीहे।

एकरा अलावे पीजीडी ड्रेस में भी बदलाव कईल जाई। संगही, महिला कर्मचारी नाया डिजाइन के साड़ी पहिरीहे। कर्मचारियन के नया पोशाक के National Institute of Fashion Technology NIFT कइले बा। एकरा तहत सचिवालय के कर्मचारी के बंद गर्दन वाला सूट के मैजेंटा चाहे गहरे गुलाबी रंग के नेहरू जैकेट में बदल दिहल जाई। इनकर शर्ट भी गहरा गुलाबी रंग के होई जवना पs कमल के फूल होई अवुरी खाकी रंग के पैंट पहिनले होईहे।

एकरा अलावे लोकसभा अवुरी राज्यसभा के मार्शल के पहिनावा भी बदलल जाता। अब उ मणिपुरी पगड़ी पहिरिहे। संसद भवन के सुरक्षाकर्मी के वेशभूषा में भी बदलाव कईल जाई। अब ले उ सफारी सूट पहिनले बाड़े। बल्कि ओह लोग के सिपाही निहन कैमोफ्लेज ड्रेस दिहल जाई। बता दीं कि 18 सितंबर के पहिला दिने ई बइठक पुरान संसद भवन में होखी।

एह दिन पुरान संसद भवन के निर्माण से लेके अब ले के सगरी यादगार घटना के याद कइल जाई आ चर्चा कइल जाई। सूत्र के मुताबिक, पुरान संसद भवन से नयका संसद भवन में प्रवेश 19 सितंबर के गणेश चतुर्थी के दिन उचित पूजा के संगे होई। एकरा बाद पूजा के बाद नयका संसद भवन में प्रवेश कईल जाई अवुरी दुनो सदन के संयुक्त बैठक भी हो सकता।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]