[the_ad_group id="30365"]

सीवान में निषाद आरक्षण संकल्प यात्रा: मुकेश सहनी कहलें- देस बढ़ रहल बा, बाकिर हमनी के ओहि स्थान पs बानी सs जहां आजादी के पहिले रहनी सs 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान में सनीचर के शहर के विदुती हाता में निषाद आरक्षण संकल्प यात्रा कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। कार्यक्रम में वीआईपी पार्टी सुप्रीमो मुकेश सहनी पहुंचलें। ऊ सभा के संबोधित करत केंद्र सरकार पs जमके निशाना सधलें। सहनी कहलें कि अपना हक आ अधिकार खातिर संघर्ष करे के होई। आज देस बढ़ रहल बा, बाकिर हमनी के ओहि स्थान पs बानी सs जहां आजादी के पहिले रहनी सs। ऊ निषाद समुदाय के लोगन के अपना लईकन के पढ़ावे के अपील कइलें। एह आजाद भारत में जदि सर उठाके जीये के बा, सम्मान के संगे जीये के बा तs पढ़े के पड़ी।

एगो रोटी कम खाईं बाकिर लईकन के पढ़ाईं 

ऊ कहलें कि एगो रोटी कम खाईं बाकिर अपना लईकन के पढ़ा लिखा के काबिल बनाईं। ई आजाद भारत राउर हs, जेतना दूसरन के जीये के अधिकार बा ओतने अधिकार राउरो बा। हमनी के जवना आरक्षण खातिर लड़ाई लड़ रहल बानी सs ई हमार नया लड़ाई ना हs। केंद्र सरकार पs निशाना साधत ऊ कहलें कि दिल्ली में निषाद समाज के आरक्षण मिलल बाकिर प्रधानमंत्री के बिहार के गरीब निषाद नजर नइखे आ रहल। एहिसे हमनी के अपना आ अपना समाज खातिर संघर्ष करे के होई। देस एगो हs आ संविधान एग बा, देस के चलावे वाला एगो बा फेर ई भेदभाव कइसे। आज एगो राज्य में आरक्षण बा आ दूसरका राज्य में आरक्षण नइखे एकर दोषी के बा जे सरकार में बइठल बा उहे बा।

गंगाजल देके अधिकार खातिर संघर्ष के संकल्प दिलवलें

ऊ समाज के बेहतर भविष्य खातिर सभे के हाथ में गंगाजल देके अपना हक आ अधिकार खातिर संघर्ष करे के संकल्प दिलवलें आ कहलें की जदि निषादन के आरक्षण पहिले मिलल होइत तs निषाद के लईकन के नदी में मछली मारे के जरूरत ना होइत।

अलग-अलग चौक-चौराहन पs कइलें माल्यार्पण

शहर के अलग-अलग चौक चौराहन पs विकासशील ईंसान पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष मुकेश सहनी माल्यार्पण कइलें। पहिले शहर के गोपालगंज मोड़ इस्थित डॉ. भीम राव आंबेडकर, पटेल चौक पs सरदार बल्लभ भाई पटेल, जेपी चौक पs जेपी जी के प्रतिमा प्रतिमा पs माल्यार्पण कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]