[the_ad_group id="30365"]

Pappu Yadav : काउंटिंग से पहिले पप्पू यादव के बड़ राहत, एह केस में कोर्ट से मिलल जमानत; इहाँ पढ़ी डिटेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लोकसभा चुनाव की काउंटिंग से पहिले पप्पू यादव के बड़ राहत मिल गइल बा। उनका एगो केस में कोर्ट से जमानत मिल गइल बा। पप्पू यादव सहित तीन लोग शनिचर को कोर्ट में हाजिर भइले। पूर्व सांसद के न्यायालय से जमानत दिहल गइल। बता दी कि चार जून के लोकसभा चुनाव के लेके मतगणना बा। उऽ पूर्णिया से निर्दलीय कैंडिडेट बाड़े।

Bihar Politics दूसरका चरण के लोकसभा चुनाव के दौरान वाहन से प्रचार सामग्री आ कैश बरामदगी के मामले में कोढ़ा थाना में पूर्व सांसद पप्पू यादव आ कुछ आउर लोग पs केस दर्ज कइल गइल रहे। पप्पू यादव (Pappu Yadav) सहित तीन लोग शनिचर के कोर्ट में हाजिर भइल।

पूर्व सांसद के न्यायालय से जमानत दिहल गइल। उक्त वाद में तृतीय अपर जिला आ सत्र न्यायाधीश समरेन्द्र गांधी के अदालत पप्पू यादव सहित आउर 10-10 हजार के दू मुचलकन पs जमानत पs मुक्त करे के आदेश दिहल गइल।

उक्त आदेश के आलोक में पूर्व सांसद के साथे बलराम यादव आ मोहम्मद अजमल बंध पत्र दाखिल कइले। बता दी कि कोढा अंचलाधिकारी अंजू कुमारी कोढा थाना में मामला दर्ज करवले रही।

चुनाव से एक दिन पहिले दर्ज भइल रहे मामला

Bihar News एमें कहल गइल रहे कि चुनाव के एक दिन पहिले सूचना मिलल कि पप्पू यादव अपना समर्थकन के साथे चुनाव में पइसा वितरण करे के लेके पूर्णिया से निकलेले। दलबल के साथे उनका के डिग्री चौक के समीप शादी भवन के लगे रोकल गइल रहे आ उनका परिचालन से संबंधित अनुमति तलाशी में सहयोग करे के कहल गइल।

पप्पू यादव आ उनकर समर्थक लो रोड पर भीड़ जमा करे के बाद रास्ता ब्लॉक कऽ देलस आ बगैर अनुमति के सभा संचालन करे लगले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]