[the_ad_group id="30365"]

लोकसभा चुनाव 2024: बलिया में वोटिंग के दौरान लाइन में लगल बुजुर्ग के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

लोकसभा चुनाव के आखिरी आ सातवाँ चरण खातिर आजु मतदान हो रहल बा. आज यूपी के 13 सीट पs भी वोटिंग चल रहल बा। एही बीच यूपी के बलिया में वोट देत घरी एगो बुजुर्ग के मउत होखे के खबर मिलल बा.उs आपन वोट डाले ला लाइन में खड़ा रहले बाकीर अचानक गिर गईले अवुरी उनुकर मउत हो गईल।

पूरा बात का बा?

सलेमपुर लोकसभा क्षेत्र के पकड़ी में 58 साल के रामबचन चौहान वोट डाले गईल रहले। उs अपना गांव चकबहादिन के 257 नंबर के बूथ पs वोट देवे खातीर लाइन में खड़ा रहले। अचानक गिर के मर गईले। सीएचसी सिकंदरपुर के डॉक्टर उनुका के मृत घोषित कs देले।

सातवाँ आ आखिरी चरण खातिर मतदान जारी बा

लोकसभा चुनाव 2024 के देखत सातवां अवुरी अंतिम चरण के मतदान एक जून के चलता। एह दौरान सात गो राज्यन आ एगो केंद्र शासित प्रदेश के 57 गो सीट पs मतदान हो रहल बा. मतदान सबेरे 7 बजे से शाम 6 बजे ले होई। मतदान के एs चरण के संगे 19 अप्रैल से शुरू भईल चुनाव के सभ चरण के मतदान पूरा हो जाई।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के वाराणसी सीट भी ओ सीट में शामिल बा, जहां अंतिम चरण में मतदान हो रहल बा। एकरा अलावा पंजाब आ यूपी के 13-13 सीट, पश्चिम बंगाल के 9 सीट, बिहार के 8 सीट, ओडिशा के 6 सीट, हिमाचल प्रदेश के 4 सीट, झारखंड के 3 सीट अवुरी चंडीगढ़ के एगो सीट शामिल बा।

बता दीं कि एह चरण में केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर, ममता बनर्जी के भतीजा अभिषेक बनर्जी, लालू प्रसाद के बेटी मीसा भारती, अभिनेत्री कंगना रनौत के किस्मत दांव पs लागल बा.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]