[the_ad_group id="30365"]

पंकज उधास के राजकीय सम्मान के साथे भइल विदाई, श्रद्धांजलि देवे पहुंचले लो सेलेब्स

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशहूर गजल गायक पंकज उधास के निधन सोमार 26 फरवरी के मुंबई में 72 बरीस के उमिर में हो गइल। गायक बहुत दिन से बेमार रहले। पंकज उधास के निधन के जानकारी उनुकर बेटी नायाब उधास सोशल मीडिया पs शेयर कईले बाड़ी। पंकज उधास के अचानक निधन से सेलिब अवुरी उनुकर प्रियजन दुखी हो गईल बाड़े। पंकज उधास के अंतिम संस्कार पूरा राजकीय सम्मान के साथे कइल गइल। आज उs पंच तत्व में विलीन हो गईल बाड़े। तिरंगा में उनकर नश्वर अवशेष लपेटल रहे। एकरा बाद सबके आखिरी दर्शन मिलल। पंकज उधास के आखिरी विदाई में विद्या बालन, सुनील गावस्कर, सोनू निगम, शंकर महादेवन समेत कई गो सेलेबस भी शामिल भइले।

राजकीय सम्मान से विदाई भइल पंकज उधास

मुंबई पुलिस पंकज उधास के सलामी देके अंतिम विदाई दिहलस। पंकज उधास के अंतिम संस्कार वरली के हिन्दू दाह संस्कार स्थल में भईल। एह दौरान उनुका के गार्ड ऑनर दिहल गईल। बता दी की पंकज उधास के पद्मश्री से सम्मानित कइल गइल रहे। एही कारण से Story के गार्ड ऑफ ऑनर दिहल गईल। बॉलीवुड से लेके राजनीति तक के लोग गजल सम्राट के निधन पs सोशल मीडिया पs पोस्ट कs के आंख में लोर लेके श्रद्धांजलि दे रहल बाड़े।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]