[the_ad_group id="30365"]

Neha Kakkar तलाक आ प्रेग्नेंसी के खबर के लेके तुड़ली चुप्पी, बयां क‌इली आपन दरद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मोस्ट पॉपुलर सिंगर नेहा कक्कड़ हाले में ‘डांस दीवाने 3’ में स्पेशल गेस्ट के रूपे में नजर आइली। सोशल मीडिया पs नेहा कक्कड़-रोहनप्रीत सिंह काफी एक्टिव रहेले । बॉलीवुड के ई क्यूट कपल हमेशा आपन रोमांटिक तस्वीर आ फनी वीडियो के ले के लोगन के बीचे मे छाइल रहेले। ओहीं टीवी स्क्रीन से गायब रहली। नेहा कक्कड़ के ले‌के लोग कई तरह के राय बनावत रहेले की सिंगर नेहा कक्कड़-रोहनप्रीत सिंह के तलाक हो ग‌इल बा। ओहीं कुछ लोग कहत रहे कि नेहा कक्कड़ प्रेग्नेंट बाड़ी। एही बीचे नेहा एs सब अफवाहन पs रिएक्ट क‌इली हs।

तलाक-प्रेग्नेंसी के अफवाहन पs क‌इली रिएक्ट

हाले में  ‘डांस दीवाने 3’ में स्पेशल गेस्ट के रूपे में पहुंचली। नेहा कहली के ‘उ आ उनकर पति रोहनप्रीत सिंह अबे ले फैमिली शुरू क‌इले के बारे में प्लानिंग नइखे कइले। दरअसल नेहा आपन प्रेग्नेंसी के खबरन के ले के काफी चर्चा में रहली। कुछ समय पहिले नेहा अचानक ‘इंडियन आइडल 11’ से ब्रेक ले लिहले रहली, जेकरे बादे ई चर्चा होखे लगल रहे कि सिंगर प्रेग्नेंट आ फिर उनकरे आ रोहनप्रीत सिंह के बीच कुछु ठीक नाहीं बा। एs लिए उs शो से ब्रेक ले लिहले बाड़ी।

नेहा कक्कड़ बतवली सच

हालांकि नेहा अब अपने प्रेग्नेंसी के अफवाहन के बीचे चुप्पी तोड़ली की फिलहाल उs आ रोहनप्रीत बेबी प्लान नइखे करत। उनकरा बारे में 2 अ‌इसन अफवाह उड़त रहल बा कि उs प्रेग्नेंट बाड़ी आ नाहीं तs रोहनप्रीत से तलाक लेत बाड़ी। नेहा कक्कड़ खुलासा किइली की उs शारीरिक आ मानसिक थकावट के कारन ब्रेक लिहले रहली, बाकीर अब उs फेर से कमबैक करे वाला बाड़ी। शो में नेहा अपने भाई टोनी कक्कड़ आ रैपर हनी सिंह के साथे पहुंचल रहली। एहां उs लइकन के साथे जमकर मस्ती क‌इली आ डांसों क‌इली।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]