69th National Film Awards: बिहार के लाल पंकज त्रिपाठी के मिमी’ खातिर मिलल पुरस्कार, अवॉर्ड के मवका पs इयाद अइलें बाऊजी, जानीं का कहलें

khabar Bhojpuri Desk

पटना: बिहार के गोपालगंज के रहे वाला फिल्म अभिनेता पंकज त्रिपाठी (Pankaj Tripathi) एक बेर फेर अपना बाऊजी के इयाद करत भावुक हो गइलें. मंगर (17 अक्टूबर) के अभिनेता पंकज त्रिपाठी के फिल्म ‘मिमी’ में उनका प्रदर्शन खातिर 69वां राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार (69th National Film Awards) में सर्वश्रेष्ठ सहायक अभिनेता (Best Supporting Actor) के पुरस्कार मिलल। दिल्ली इस्थित विज्ञान भवन में आयोजित एगो समारोह में राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू (President Draupadi Murmu) से पंकज त्रिपाठी पुरस्कार प्राप्त कइलें।

‘आज ऊ रहते तs बहुत खुस होखते’

एह मवका पs अवॉर्ड पइला के बाद पंकज त्रिपाठी कहलें, “हमनी के मेहनत कs के एगो फिल्म बनावेनी सs। पूरा यूनिट के एमे जोगदान होला। खास कs के अबकी बेर के ज्यूरी जे हमरा आ कृति सेनन दुनो के सेलेक्ट कइल एकरा खातिर हम कृतज्ञ बानी। ओह लोगन के प्रति हम आभारी बानी। बहुत विनम्र बानी। बाबू जी के हम एकरा के समर्पित कइले रहनी। आज ऊ रहते तs बहुते द खुस होखते.”

मीडिया से बातचीत में अपने आवे वाला प्रोजेक्ट के बारे में पंकज त्रिपाठी बतवलें। ऊ कहलें कि दिसंबर में कड़क सिंह नाम के एगो फिल्म आई। एकरा बाद अटल जी के बायोपिक (‘मैं अटल हूं’) आई अउरियो बहुत कुछ आवे के बा।

अवॉर्ड मिलला के बाद जेडीयू देलस बधाई

ओहिजा मिमी खातिर बेस्ट सपोर्टिंग एक्टर के अवॉर्ड मिलला पs बिहार से पंकज त्रिपाठी के बधाई मिले लागल बा। बिहार सरकार में मंत्री आ जेडीयू नेता अशोक चौधरी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs लिखलें- “झंडा बुलंद रहे पंकज भाई, बिहार के माटी के लाल सुप्रसिद्ध अभिनेता भाई पंकज त्रिपाठी के सर्वश्रेष्ठ सहायक अभिनेता के तौर पs राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार से नवाजल गइला पs बहुत-बहुत बधाई आ सुभकामना। समूचा बिहार के रउआ पs गरब बा।”

Share This Article
खबर भोजपुरी के आधिकारिक समाचार अपडेट प्रोफ़ाइल पs रउआ सभे के स्वागत बा।