[the_ad_group id="30365"]

गणपत’ के दीवाना भइले सुपरस्टार रजनीकांत, लिख दिहले इ मैसेज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

टाइगर श्रॉफ आ कृति सैनन अभिनीत फिलिम ‘गणपत ए हीरो इज बोर्न’ आखिरकार आजु यानी 20 अक्टूबर के रिलीज हो गइल बा। ई फिलिम हिंदी, तमिल, तेलुगु आ कन्नड़ में बड़का परदा पs आइल बिया। फिल्म के ट्रेलर अवुरी गाना के जहां लोग के ओर से सकारात्मक प्रतिक्रिया मिलल बा। अयीसना में इंडस्ट्री के बहुत सेलेबस टाइगर अवुरी कृति के संगे गणपत टीम पs आपन प्यार के बरसात क ओ लोग के शुभकामना भेजले बाड़े।एह कड़ी में हालही में मेगास्टार रजनीकांत सभका के हैरान कर दिहले बाड़न आ गणपत: के पूरा टीम के आपन शुभकामना आ आशीर्वाद दिहले बाड़न।

सुपरस्टार रजनीकांत आपन सोशल मीडिया पs भारत के सबले कम उमिर के एक्शन स्टार टाइगर श्रॉफ आ ‘गणपत’ टीम के शुभकामना दिहलन। उ कैप्शन में लिखले कि, “टाइगर श्रॉफ अवुरी गणपत के पूरा कलाकार अवुरी टीम के हमार हार्दिक बधाई। फिल्म के शुभकामना अवुरी भव्य सफलता के कामना करतानी।”

एह फिलिम के लेके जनता में खूब चर्चा बा आ अब सुपरस्टार रजनीकांत से मिलल शुभकामना से पता चलत बा कि कइसे ई फिलिम देश भर में धूम मचा रहल बिया आ प्रशंसक दर्शक ना बलुक इंडस्ट्री के लोग एकरा के सबले बड़का कहत बा एह साल के एक्शन एक्शन फिल्म ‘गणपत: ए हीरो इज़ बॉर्न’ के आपन प्यार आ समर्थन दे रहल बाड़े।

गणपत ए हीरो इज बोर्न के निर्देशन विकास बहल कइले बाड़न। एह फिलिम के निर्माता वाशु भगनानी, जैकी भगनानी, दीपशिखा देशमुख आ विकास बहल हउवें। अब ई हिंदी, तमिल, तेलुगु, मलयालम आ कन्नड़ में दुनिया भर के सिनेमाघरन में रिलीज हो चुकल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]