[the_ad_group id="30365"]

पाखंडी पाकिस्तान के खुलल पोल: 26/11 मुंबई हमला मास्टर माइंड साजिद मीर जिंदा, आईएसआई के मोस्ट वांटेड ‘मुर्दा’ कहल गईल।

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

साल 2008 के मुंबई आतंकी हमला के मास्टरमाइंड साजिद मीर के पाकिस्तान हिरासत में ले लिहले बा. एकरा से पहिले पाकिस्तानी खुफिया एजेंसी आईएसआई साजिद के मौत के दावा कईले रहे, जवना के एफबीआई मोस्ट वांटेड घोषित कईले रहे। विशेषज्ञन के मुताबिक पाकिस्तान एफएटीएफ के ग्रे लिस्ट से बाहर निकले खातिर मीर के सजा देवे के नाटक कईले बा।

निक्केई एशिया रिपोर्ट के मुताबिक एफबीआई के एगो अधिकारी बतवले बाड़े कि मीर जिंदा बाड़े, हिरासत में बाड़े अवुरी पाकिस्तान में सजा सुनावल गईल बा। साल 2011 में मीर के एफबीआई के ओर से 5 मिलियन डॉलर के इनाम के संगे मोस्ट वांटेड लिस्ट में शामिल कईल गईल रहे। अमेरिका आ भारत दुनु देश एक दशक से उनुका के खोजत बा. लश्कर नेता हाफिज सईद के करीबी साजिद के मुंबई हमला के योजनाकार डेविड कोलमैन हेडली अवुरी बाकी आतंकी के संभाले वाला मानल जाता।

पाकिस्तान के असली इरादा

पाकिस्तान साजिद मीर के गिरफ्तारी से देखावल चाहत बा कि ऊ आतंकवाद का खिलाफ काम करत बा. एह गिरफ्तारी के एफएटीएफ के ग्रे लिस्ट से बाहर निकले के योजना कहल जा रहल बा. जून 2018 से पाकिस्तान एफएटीएफ के ग्रे लिस्ट में बा। अबकी बेर जर्मनी में भइल बइठक में एफएटीएफ कहले रहुवे कि ऊ जमीन पर परीक्षण कइला का बाद पाकिस्तान के ग्रे लिस्ट से बाहर निकाले के फैसला करी. अयीसना में पाकिस्तान इ देखावल चाहता कि उ आतंकवाद के खिलाफ खुल के काम करता।

साजिद लखवी के सुरक्षा प्रमुख रहल

साजिद मीर 2010 तक लश्कर-ए-तैयबा के ऑपरेशन चीफ जकी-उर-रहमान लखवी के सुरक्षा के जिम्मेवारी लिहले रहले। उ ना सिर्फ विदेश में आतंकी के बहाली कईले बालुक पाकिस्तान में आतंकी शिविर भी चलावत रहले। उ आईएसआई के इंडियन मुजाहिदीन ऑपरेशन के भी हिस्सा रहले, जवना के कराची प्रोजेक्ट कहल गईल रहे।

 

साभार – अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]