Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गुम है किसी के प्यार में’ के नया सीजन के पाखी उड़वली खिल्ली, सुनके मेकर्स के लागी मिरचा

1,230

 

जीएचकेपीएम नया सीजन : पत्रलेखा, विराट आ सावी के प्रेम त्रिकोण से शुरू भइल टीवी शो ‘गुम है किसी के प्यार मे’ दुसरका सीजन शुरू हो गइल बा एह शो के पहिला सीजन के बहुते प्यार मिलल, ई लगातार टीआरपी लिस्ट में टॉप 3 में बनल रहल। साथही 20 साल के लमहर छलांग के बाद एह शो के दुसरका सीजन के शुरुआत नया कलाकारन के साथे भइल बा। अब एह शो के पत्रलेखा भा अभिनेत्री ऐश्वर्या शर्मा अपना शो के कहानी पs अतना तंज कसले बाड़ी जवना के सुन के निर्माता लोग चौंक सकेला।

 शो में कुछ नया नइखे

टीवी शो ‘गुम है किसी के प्यार में’ के नयका सीजन के मुख्य किरदार सवी, ईशान आ रीवा हउवें। अब ओह लोग के बीच उहे उलझन बनत लउकत बा जइसे कबो पत्रलेखा, विराट आ सावि के बीच भइल रहे। कहानी त बस आपन पृष्ठभूमि बनावत बिया। अइसना में ऐश्वर्या शर्मा एह पs तंज कसले बाड़ी। ‘खत्रों के खिलाडी 13’ खातिर मीडिया से बातचीत में कहली कि एह शो के कहानी में हमरा कवनो नया ना मिलल। उ कहली कि, हमरा ए शो के प्रोमो बहुत पसंद आईल अवुरी हमरा लागता कि इ उहे कहानी बा अवुरी एकरा में कवनो नाया बात नईखे।

का शोटीआपी लाइ कि ना?

एकरा बाद ऐश्वर्या से पूछल गइल कि का उनुका लागत बा कि ई शो आ एकर कलाकार पिछला सीजन के तरह नया बेंचमार्क तय कs पाई? एकरा पs उ जवाब देली, “सब किस्मत के बात बा। जवन होखे के बा, होखे के बा। अगर काम करे के बा त उ काम करी अवुरी जदी ना होखे के बा त ना होई। लेकिन कबहूँ कुछूओ के उम्मीद ना करीं।”

 

598260cookie-checkगुम है किसी के प्यार में’ के नया सीजन के पाखी उड़वली खिल्ली, सुनके मेकर्स के लागी मिरचा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.