[the_ad_group id="30365"]

Pahalgam Terror Attack: आतंकी हमला पs पाकिस्तान के पहिला बयान, बोलले रक्षा मंत्री-हमार केहु…

पाकिस्तान के रक्षा मंत्री ख्वाजा आसिफ
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पहलगाम आतंकी हमला के बाद पाकिस्तान एक बेर फेरु पर्दाफाश हो गइल बा बाकिर ओहिजा के सरकार झूठ बोले से परहेज नइखे करत. पाकिस्तान के रक्षा मंत्री ख्वाजा आसिफ के एगो बयान सामने आइल बा जवना में ऊ कहत बाड़न कि पहलगाम में भइल आतंकी हमला से पाकिस्तान के कवनो लेना-देना नइखे. आसिफ कहत बाड़न कि उनकर देश हर तरह के आतंकवाद के निंदा करेला. ख्वाजा आसिफ ई बयान पाकिस्तानी टीवी न्यूज चैनल के दिहले बाड़न आ अपना बयान में ऊ एकरा बदले भारत के दोषी ठहरवले बाड़न. आसिफ कहले कि एs हमला के पीछे भारत के लोग शामिल बा। उs आगे कहले कि भारत में नागालैंड से लेके मणिपुर अवुरी कश्मीर तक लोग सरकार के खिलाफ बाड़े।

ख्वाजा आसिफ भारत के दोषी ठहरवले


ख्वाजा आसिफ आगे कहले कि, भारत सरकार जनता के अधिकार के हत्या कs के ओकर शोषण कs रहल बिया, एहीसे लोग ओ लोग के खिलाफ खड़ा होखता। पाकिस्तान के रक्षा मंत्री भी हमला के लेके विवादित बयान देके कहले कि, पहलगाम में भईल अयीसन घटना से हमनी के कवनो संबंध नईखे। हम एह तरह के हमला के निंदा करत बानी. अइसन हमला खास कs के नागरिकन पs ना होखे के चाहीं.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गरमी के मौसम में शरीर में पानी के कमी से हो सकेला इs गंभीर बेमारी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]