सबेरे-सबेरे: गरमी के मौसम में शरीर में पानी के कमी से हो सकेला इs गंभीर बेमारी

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 20, 2025

गरमी में रउआ शरीर में पानी की कमी कई बेर हो जाला। का रउआ कबो सोचले बानी कि आपके शरीर में केंतना पानी होला? शरीर के केतना पानी के जरूरत होला? आ फेर शरीर में

Share

गरमी के मौसम में शरीर में पानी

गरमी में रउआ शरीर में पानी की कमी कई बेर हो जाला। का रउआ कबो सोचले बानी कि आपके शरीर में केंतना पानी होला? शरीर के केतना पानी के जरूरत होला? आ फेर शरीर में पानी के कमी से कवन परेशानी के सामना करे के पड़ सकता?

शरीर में केंतना पानी के जरूरत होला?

हर इंसान के शरीर के वजन अलग-अलग होला। सबके शरीर में पानी के जरूरतो अलग-अलग होला। शरीर के वजन के हिसाब से तय कइल जाला कि आपके केतना पानी पीए के चाहीं। 20 किलो के वजन के शरीर के 1 लीटर पानी के जरूरत होला। ओ हिसाब से देखल जाए तs 70 किलो वजन के व्यक्ति के 3.5 लीटर पानी पिये के चाहीं। 80 किलो के वजन के व्यक्ति के 4 लीटर पानी पिये के चाहीं।

काहें होला शरीर में पानी के कमी?


जब गर्मी तेज होला तs शरीर के ज्यादा पानी के जरूरत होला। बेर-बेर पसीना अइले से, टॉयलेट गइले से चाहे काम के दौरान पानी कम पियले से शरीर में पानी की कमी हो जाला। अइसे में अगर बुखार होखे चाहे लूज मोशन आवत होखे तs शरीर बहुत बुरी तरह डिहाइड्रेट हो जाला। एह कारण से शरीर में जब पानी के कमी होखे वाला होला तो एकर लक्षण पहिलहीं से पता चले लागेला। अइसन में कुछ उपाय से शरीर के दुरुस्त रखल जा सकेला।

कब, केतना आ कइसे पानी पीं

सुबह उठके खाली पेट पानी पीं।
खाना खइले के एक घंटे बाद चाहे पहिले पानी पीं।
एक दिन में 8 से 10 गिलास पानी पीं।
खड़ा होके पानी नाही पिये के चाहीं। एसे जोड़ (JOINTS) कमजोर हो जाला।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.