पहलगाम आतंकी हमला: एनआईए के बड़ कार्रवाई, आतंकियन के पनाह देवे के ममिला में दु लोग गिरफ्तार

Share

सेंट्रल डेस्क। राष्ट्रीय जांच एजेंसी (एनआईए) पहलगाम में हमला करे वाला आतंकियन के पनाह देवे के ममिला में दु लोगन के गिरफ्तार कइले बा। जम्मू-कश्मीर के अनंतनाग के पहलगाम में आतंकी 22 अप्रैल के भयानक हमला के अंजाम देले रहलें सs, हमला में 26 निर्दोष पर्यटक मारल गइल रहे लोग, जबकि 16 आउर गंभीर रूप से घायल हो गइल रहे लोग।

एनआईए के अनुसार, पहलगाम के बटकोट के परवेज अहमद जोथर आ पहलगाम के हिल पार्क के बशीर अहमद जोथर हमला में सामिल तीन सशस्त्र आतंकवादियन के पहचान के खुलासा कइले बा आ इहो पुष्टि कइले बा कि उ प्रतिबंधित आतंकवादी संगठन लश्कर-ए-तैयबा (एलईटी) से जुड़ल पाकिस्तानी नागरिक रहले सs।

एनआईए के जांच के अनुसार, परवेज आ बशीर हमला से पहिले हिल पार्क में मौसमी ढोक (झोपड़ी) में तीन हथियारबंद आतंकवादियन के जानबूझके शरण देले रहे। दुनो आतंकवादियन के भोजन, आश्रय आ रसद सहायता प्रदान कइले रहले सs, जे ओह दुर्भाग्यपूर्ण दुपहरिया के धर्म के पहचान के आधार पs पर्यटकन के चुन-चुन के मार डलले रहs सs।

ई अब तक के सबसे बड़ आतंकवादी हमला रहे। एनआईए गैरकानूनी गतिविधि (रोकथाम) अधिनियम, 1967 के धारा 19 के तहत दुनो के गिरफ्तार कइले बा। 22 अप्रैल 2025 के दुनिया के हिला देवे वाला हमला के बाद दर्ज कइल गइल आरसी-02/2025/एनआईए/जेएमयू ममिला के आगे के जांच कs रहल बिया। ममिला में आगे के जांच जारी बा।

Read Also: IND vs ENG: SENA देसन में सबसे जादे विकेट लेवे वाला एशियाई गेंदबाज बनलें जसप्रीत बुमराह, वसीम अकरम के पीछे छोड़लें

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-