[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: नौकायन क्षेत्र में युवक के दउड़ा-दउड़ा के पिटाई, वीडियो वायरल होखला से मचल हड़कंप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। रामगढ़ताल इस्थित नौकायन क्षेत्र में सनिचर के रात एगाे युवक के कुछ युवक दउड़ा-दउड़ा के बेरहमी से पीटले सs। घटना के वीडियो इंटरनेट मीडिया पs वायरल हो रहल बा। ई घटना फ्लोटिंग रेस्टोरेंट के ठीक सामने राष्ट्रीय ध्वज तिरंगा के लगे घटल, जहां बड़ संख्या में महिला, लईका पर्यटक मवजूद रहे लाेग।

बाउंसर बनलें मूकदर्शक

घटना के वायरल वीडियो में साफ देखल जा सकत बा कि एगो युवक फ्लोटिंग रेस्टोरेंट के सामने से दउड़त बाहर निकलत बा। ओकरा पीछे कुछ युवक गाली देत दउड़त आवत बाडे़ सs आ तिरंगा के लगे ओकरा के चारो ओर से घेरके लात-घूंसन से पीटल सुरू कs देत बाड़ें सs। एतना गंभीर घटनाक्रम के बादो सुरक्षा में तैनात बाउंसर चुपचाप खड़ा रहल लोग आ केहू मारपीट रोके के कोसिस ना कइल।

पर्यटक आ महिला लोग घबराइल, मचल अफरा-तफरी

युवक के पिटाई होत देख उहां मवजूद पर्यटक, महिला आ लईका लोग घबरा गइल। कइयन लोग लईकन के लेके मवका से भागे लागल। मारपीट के घटना से पूरा नौकायन क्षेत्र में तनावपूर्ण माहौल बन गइल।

एसपी सिटी अभिनव त्यागी बतवलें कि घटना के वीडियो प्राप्त भइल बा आ एगो आरोपी के पहचान कs लिहल गइल बा। एह ममिला में मुकदमा दर्ज कइल जा रहल बा आ आउर आरोपियन के जल्दिये गिरफ्तारी कइल जाई।

Read Also: पहलगाम आतंकी हमला: एनआईए के बड़ कार्रवाई, आतंकियन के पनाह देवे के ममिला में दु लोग गिरफ्तार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]