[the_ad_group id="30365"]

IND vs ENG: SENA देसन में सबसे जादे विकेट लेवे वाला एशियाई गेंदबाज बनलें जसप्रीत बुमराह, वसीम अकरम के पीछे छोड़लें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय टीम के स्टार तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह इंग्लैंड के खिलाफ लीड्स टेस्ट के दूसरका दिन पहिला पारी में सानदार प्रदर्शन कइलें। बुमराह दूसरका दिन के खेल के समाप्ति तक तीन विकेट लेलें आ बड़ उपलब्धि अपना नामे कs लेलें। बुमराह भारतीय टीम के अनुभवी गेंदबाज हवे आ तेज गेंदबाजी आक्रमण के अगुआ बाड़ें। बुमराह एह मैच के पहिला पारी में आपन दम देखवलें बाडे़ आ ओली पोप आउर बेन डकेट के साझेदारी के बीच ई भारतीय तेज गेंदबाज आपन प्रभाव छोड़े में सफल रहलें।

अब तक के तीनो विकेट बुमराह के नाम

भारत के पहिला पारी 471 रन पs ऑलआउट भइल रहे। इंग्लैंड ओली पोप के शतक आ बेन डकेट के अर्धशतक के मदद से स्टंप्स तक पहिला पारी में तीन विकेट पs 209 रन बनवले बा। इंग्लैंड के टीम अभी भारत से 262 रन पीछे चल रहल बिया। दिन के खेल के समाप्ति तक पोप 100 आ हैरी ब्रूक बिना खाता खोलले क्रीज पs मवजूद रहे लोग। भारत खातिर पहिला पारी में अब तक तीनो विकेट तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह झटकले बाड़ें।

बुमराह देलें सुरुआती झटका

इंग्लैंड के सुरुआत अच्छा ना रहल रहे आ जसप्रीत बुमराह जैक क्रावले के सस्ता में आउट कइले रहस। एकरा बाद भारत कुछ मवका गंववलस, जवना से इंग्लैंड के संभरे के मवका मिलल। भारत के सबसे बेहतरीन फील्डिरन में से एगो रवींद्र जडेज 15 रन के स्कोर पs बेन डकेट के कैच छोड़ले रहस, जवना के ई इंग्लिश बल्लेबाज बखूबी फायदा उठवलस। डकेट ओली पोप के संगे मिलके दूसरका विकेट खातिर 122 रन जोड़लें। बुमराह क्रावले के अलावे डकेट आ जो रूट के आउट कइलें।

बूम-बूम बुमराह के जलवा

इंग्लैंड के खिलाफ एह सीरीज में बुमराह के भूमिका अहम रहे वाला बा आ उ पहिला मैच में ई साबित कइले बाड़ें। लीड्स में बूम-बूम बुमराह के जलवा देखे के मिलल आ उ एकरा संगही बड़ उपलब्धि अपना नामे कइलें। बुमराह सेना देस माने दक्षिण अफ्रीका, इंग्लैंड, न्यूजीलैंड आ ऑस्ट्रेलिया में सबसे जादे विकेट लेवे वाला एशियाई गेंदबाज बन गइल बाड़ें। उ एह ममिला में पाकिस्तान के पूर्व गेंदबाज वसीम अकरम के पीछे छोड़ देले बाड़ें। बुमराह के सेना देसन में अब 147 विकेट बा, जबकि एह देसन में अकरम 146 विकेट लेले बाड़ें। ओहिजा, भारत के पूर्व स्पिनर अनिल कुंबले 141 विकेट के संगे तीसरा आ तेज गेंदबाज ईशांत शर्मा 130 विकेट के संगे सूची में चउथा स्थान पs बाड़ें।

SENA देसन में सबसे जादे विकेट लेवे वाला एशियाई गेंदबाज

गेंदबाजविकेट की संख्या
जसप्रीत बुमराह147
वसीम अकरम146
अनिल कुंबले141
इशांत शर्मा130
मोहम्मद शमी123


Read Also:
Bihar News : नीतीश कुमार सरकार के बड़ एलान; वृद्ध, दिव्यांग के संगे विधवा महिला लोगन के पेंशन बढ़ाके 1100 कइल गइल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]