[the_ad_group id="30365"]

‘छपरा में बनी भिखारी ठाकुर संग्रहालय’: मंत्री सुरेंद्र राम बोललें- भिखारी ठाकुर भोजपुरी सहित देस खातिर अनमोल धरोहर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भोजपुरी के शेक्सपियर भिखारी ठाकुर के संग्रहालय के निर्माण बिहार सरकार के ओर से करावल जाई। ई जानकरी बिहार सरकार के श्रम संसाधन मंत्री सुरेंद्र राम भिखारी जयन्ती के मवका पs देलें। सोमार के डोरीगंज थाना क्षेत्र के कुतुबपुर दियारा में बिहार सरकार के कला आ संस्कृति विभाग कावर से भिखारी ठाकुर जयंती समारोह के आयोजन कइल गइल।

भिखारी ठाकुर के पैतृक आवास पs आयोजित जयंती समारोह में कइयन कलाकार लोग भाग लिहल। कार्यक्रम के सुरुआत श्रम संसाधन मंत्री सुरेंद्र राम भोजपुरी के शेक्सपियर भिखारी ठाकुर के प्रतिमा पs माल्यार्पण के संगे दीप प्रज्वलित करत कइलें। एह दौरान प्रसिद्ध कलाकार गोपाल राय भिखारी ठाकुर स्वरांजलि के रूप में बिदेशिया नाटक के गीत गवलें।

श्रम संसाधन मंत्री सुरेंद्र राम बतवलें कि भोजपुरी के शेक्सपियर भिखारी ठाकुर भोजपुरी सहित देस खातिर अनमोल धरोहर हवे।  कला संस्कृति आ युवा विभाग, बिहार सरकार कावर से भिखारी ठाकुर के लेके कइयन तरे के योजना आ कार्यक्रम चलावल जा रहल बा। एही क्रम में स्थानीय जनप्रतिनिधियन के माध्यम से भिखारी ठाकुर संग्रहालय बनावे के लेके सरकार के लगे प्रस्ताव भेजल गइल बा। अपना स्तर से हमनी लोग एकरा ला प्रयासरत बानी सs।

कुतुबपुर दियारा भा सारण जिला मुख्यालय में एगो भव्य संग्रहालय के निर्माण होखे, जेमे भिखारी ठाकुर से जुड़ल तमाम तरे के स्मृति के सहेज के रखल जा सके। जवना से आवे वाली पीढ़ी के भिखारी ठाकुर के बारे में स्मृति दर्शन करे के अवसर मिले। एकरा खातिर सरकार से आ संबंधित विभाग से जल्दिये संपर्क बनाके कार्ययोजना के मूर्त रूप देवे खातिर अनुरोध कइल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]