[the_ad_group id="30365"]

गायिका शारदा सिन्हा के तबीयत बिगड़ल, दिल्ली एम्स में करावल गइल भर्ती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पद्मश्री आ पद्मभूषण से सम्मानित लोकगायिका शारदा सिन्हा के पति ब्रज किशोर के निधन के एक महीना बाद एगो अउरी दुखद खबर सामने आइल बा।  गायिका शारदा सिन्हा के स्वास्थ्य अचानक बिगड़ गईल बा। एक हफ्ता से दिल्ली के एम्स अस्पताल में भर्ती बाड़े। अपना हेल्थ अपडेट देत डॉक्टर कहले कि आज उनुकर स्वास्थ्य खराब हो गईल बा। हाल ही में उनकर पति के दिमाग में रक्तस्राव से मउत हो गईल रहे, जवना के बाद कुछ दिन बाद उनुकर स्वास्थ्य भी खराब होखे लागल।

एम्स के सूत्र बतावत बाड़े कि फिलहाल उनुका के आईसीयू में राखल गईल बा। बता दीं कि हाल ही में शारदा सिन्हा के पति के ब्रेन हेमरेज से मउत हो गईल। शारदा सिन्हा के भी पिछला एक हफ्ता से दिल्ली एम्स में इलाज चलत रहे। असल में शारदा सिन्हा के खाए-पीए में बहुत समस्या के सामना करे के पड़ता जवना के चलते उनुकर इलाज दिल्ली एम्स में होखत रहे।

शनिवार के सबेरे अचानक उनुकर हालत बिगड़ गईल। जवना के बाद उनुका के दिल्ली एम्स के इमरजेंसी में भर्ती करावल गईल बा। फिलहाल शारदा सिन्हा के इलाज आईसीयू में डॉक्टर के टीम से हो रहल बा।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]