[the_ad_group id="30365"]

Bigg Boss 18 डबल एविक्‍शन: मुस्कान बामने के बाद नायरा बनर्जी घर से बेघर!

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

‘बिग बॉस 18’ से चौंकावे वाला खबर आ रहल बा। एह हफ्ता डबल एलिमिनेशन भइल जवना से हाउसमेट तक के हैरानी हो गइल। हाल के एपिसोड में जहां मुस्कान बामने के घर से निकाल दिहल गइल रहे, उहें अब खबर बा कि नायरा बनर्जी के ए शो से बेदखल कऽ दिहल गइल बा।

बिग बॉस 18 से जुड़ल अपडेट देवे वाला ‘बिग बॉस तक’ के मुताबिक नायरा बनर्जी के डबल एलिमिनेशन में घर से निकाल दिहल गइल। उनुका के बेदखली खातिर पहिलहीं से नामांकित कइल गइल रहे बाकिर केहू के अंदाजा ना रहे कि डबल एलिमिनेशन हो सकेला। आ जब भइल तऽ एकर दोष नायरा बनर्जी पऽ पड़ल। नायरा 400 जोड़ी कपड़ा लेके बिग बॉस के घर पहुंचल रहली। उनका पूरा भरोसा रहे कि उऽ फाइनल में जरूर चहुँप जइहें। बाकिर उनकर सपना चकनाचूर हो गइल।

डेंजर जोन में रहलीं नायरा बनर्जी, अटकल रहे फैसला

इहो बतावल जा रहल बा कि मुस्कान के बेदखल भइला का बाद नायरा बनर्जी डेंजर जॉन में आ गइल रहली। अनुमान लगावल जात रहे कि मेकर एह हफ्ता उनका बाहर होखे के फैसला ले सकेलें। बाकिर ‘वीकेंड के वार’ के भी इंतजार ना भइल आ नायरा के बेदखल हो गइली।

20 दिन में 3 एलिमिनेशन, अब ई प्रतियोगी घर में बाड़े

‘बिग बॉस 18’ 6 अक्टूबर से शुरू भइल रहे, आ पिछला 20 दिन में 3 गो एलिमिनेशन भइल बा. एहमें मुस्कान आ नायरा का अलावे हेमा शर्मा के नाम शामिल बा। फिलहाल घर में विवियन द्सेना, चहत पांडेय, ऐलिस कौशिक, शिल्पा शिरोडकर, अविनाश मिश्रा, ताजिंदर सिंह बग्गा, करणवीर मेहरा, शेहजादा धामी, रजत दलाल, चूम दरंग आ ईशा सिंह जइसन प्रतियोगी बाड़े।

‘वीकेंड का वार’ में अविनाश आ करणवीर के फटकार 

अब ‘वीकेंड का वार’ में जवना में सलमान खान अविनाश मिश्रा के क्लास देत लउकीहें, उनकर आ चाहत पांडेय के माई के एह शो में देखे के मिली। सलमान करणवीर के डांटत घर के ननद कहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]