[the_ad_group id="30365"]

कोरोना से लड़ाई: 25 फीसदी बचवन के ही लग पवले बा नियमित टीका, अभिभावक नाइ दिखा रहल बाने रुचि

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला में बचवन के नियमित टीकाकरण के हाल बदहाल बा। एह बरिस अब ले केवल 24.86 फीसदी बचवन को ही सात तरह के टीका लग पवले बा। बचवन के टीका लगववले खातिर सरकारी केंद्र पर आवे में अभिभावक रुचि नाइ दिखा रहल बाने।

विशेषज्ञन के कहनाम बा कि कोरोना के प्रति भय भी एहकर एगो कारण बा। उहवें, टीकाकरण के स्थिति बेहतर करे खातिर जिला प्रतिरक्षण अधिकारियन के वाराणसी में प्रशिक्षित कइल गइल बा।

नियमित टीकाकरण अभियान के तहत जन्म से पांच साल के बीच बचवन के सरकारी बूथ पर निशुल्क सात टीका लगावल जात बा। एहमें टीबी से ले के पोलियो, जापानी इंसेफेलाइटिस जइसन गंभीर बीमारियन के टीका शामिल बा। एह वर्ष अब तक 0 से एक वर्ष के 30,232 बचवन में से केवल 24.56 फीसदी के ही बीसीजी के टीका लग पवले बा।

40,151 बचवन में 32.61 फीसदी के ओपीवी का टीका लागल बा। 30,232 बचवन में से 24.56 फीसदी को पेंटावेलेंट टीका लग सकल बा। 30,141 बचवन में से 24.46 फीसदी के ओपीवी टीका लग सकल बा। 28,141 बचवन में से 22.86 फीसदी के जापानी इंसेफेलाइटिस के टीका लग पवले बा। स्थिति में सुधार खातिर जिला प्रतिरक्षण अधिकारी के वाराणसी में प्रशिक्षित करत शत प्रतिशत टीकाकरण के निर्देश देहल गइल बा।

शहरी क्षेत्र में एह इलाकन में खराब बा स्थिति

गोरखनाथ, नथमलपुर, दीवान बाजार, जाफरा बाजार, अंधियारी बाग, इस्लामचक, निजामपुर अउरी इलाहीबाग क्षेत्र। देहात इलाके में पॉली ब्लॉक के छह अउरी भटहट ब्लॉक के सात गांव में टीकाकरण के स्थिति बेहद खराब बा।

सीएमओ डॉ आशुतोष कुमार दुबे कहले कि नियमित टीकाकरण के तहत बूथ पर सात तरह के टीका लगावल जा रहल बा। ई निशुल्क बा। निजी अस्पतालन में ई टीका काफी महंग बा। जौने इलाकन में टीकाकरण के स्थिति ठीक नाइ बा। उहवां पर अभियान चला के बचवन के टीका लगावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]