[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर के 15 प्रसिद्ध रेलवे स्टेशनन के नाम सहित कोड जारी, IRCTC के वेबसाइट से आनलाइन टिकट बुक कइल होई आसान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: रेलवे बोर्ड पूर्वोत्तर रेलवे के मुख्यालय गोरखपुर जंक्शन के आसपास वाला महत्वपूर्ण छोट स्टेशनन के नाम सहित कोड जारी कs देले बा। नाम आ कोड इंडियन रेलवे कैटरिंग एंड टूरिज्म कारपोरेशन (आइआरसीटीसी) के वेबसाइट पs लोड कs दिहल गइल बा। यात्री आइआरसीटीसी के वेबसाइट पs एहू स्टेशनन से आनलाइन आरक्षित टिकट बुक कs सकी लो।

रेलवे के एह नया बेवस्था से टिकटन के आनलाइन बुकिंग आसान तs होखबे करी, बड़ स्टेशनन पs यात्रियन के बोझ कम होई। छोटे रेलवे स्टेशनन पs यात्री आवाजाही कs सकी लो। उदाहरण खातिर, जदि कवनो यात्री बिहार से आ रहल बा आ ओकरा खोराबार के तरफ जाये के बा, तs ऊ कैंट स्टेशन तक के आरक्षित टिकट बुक करा सकी। एकरा खातिर ओकरा गोरखपुर जंक्शन तक के आरक्षित टिकट लेवे के आवश्यकता ना पड़ी।

यात्रियन के सुविधा के देखते रेलवे बोर्ड भारतीय रेलवे के 713 रेलवे स्टेशनन के नाम सहित कोड जारी कइले बा। एमे गोरखपुर जंक्शन के आसपास वाला महत्वपूर्ण स्टेशनो सामिल बाड़ी सs। रेलवे बोर्ड के पहल पs छोटे स्टेशनन के विकास सुरू हो गइल बा। महत्वपूर्ण छोटे स्टेशन अमृत भारत के रूप में चयनित कs के विकसित कइल जा रहल बा। पूर्वोत्तर रेलवे के लखनऊ, वाराणसी आ इज्जतनगर मंडल के 51 स्टेशन अमृत भारत खातिर चिह्नित बा। पुनर्निर्माण खातिर बजट आवंटित हो गइल बा। निर्माण खातिर टेंडर के प्रक्रियो सुरू हो गइल बा। आनंदनगर सहित चार आउर स्टेशन के अमृत भारत खातिर प्रस्ताव तइयार कइल गइल बा।

एह रेलवे स्टेशनन के जारी कइल गइल कोड

  • गोरखपुर जंक्शन- जीकेपी
  • आनंदनगर- एएनडीएन
  • कैंपियरगंज- सीएम
  • डोमिनगढ़- डीएमजी
  • गोरखपुर कैंट- जीकेसी
  • नकहा जंगल- जेईए
  • खलीलाबाद- केएलडी
  • मगहर- एमएचएच
  • मानीराम- एमआईएम
  • नौतनवा- एनटीवी
  • सिद्धार्थनगर- एसएसडीएन
  • पीपीगंज- पीजे
  • शोहरतगढ़- एसओटी
  • सहजनवां- एसडब्लूए
  • उसका बाजार- यूबी

का कहत बाड़ें अधिकारी

सीपीआरओ पंकज कुमार सिंह कहलें कि गोरखपुर के प्रसिद्ध स्टेशनन के नाम आ ओकर कोड नंबर जारी कइल गइल बा। एसे बड़े स्टेशनन पs यात्रियन के बोझ कम होई। छोटे स्टेशनन पs यात्री बढ़ी लो। यात्रियन के आवागमन आसान होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]