बनारस जयनगर के बीच विशेष गाड़ी के संचालन: छपरा के यात्रियन के मिली विशेष लाभ, 25 जुलाई के चली ट्रेन, जानीं टाइम टेबल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 23, 2023

यात्रियन के सुविधा खातिर गाड़ी संख्या 05084 बनारस -जयनगर विशेष गाड़ी के संचालन कइल जा रहल बा। ई गाड़ी 25 जुलाई 2023 के बनारस से एकल यात्रा खातिर चलावल जा रहल बा। एह गाड़ी के

Share

यात्रियन के सुविधा खातिर गाड़ी संख्या 05084 बनारस -जयनगर विशेष गाड़ी के संचालन कइल जा रहल बा। ई गाड़ी 25 जुलाई 2023 के बनारस से एकल यात्रा खातिर चलावल जा रहल बा। एह गाड़ी के संचालन से छपरा आ आसपास के यात्रियन के विशेष लाभ मिली। गाड़ी के संचालन के जानकारी पूर्वोत्तर रेलवे के जन संपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार देलें।

गाड़ी संख्या 05084 -बनारस-जयनगर एकल यात्रा विशेष गाड़ी के संचालन 25 जुलाई (मंगर) के बनारस स्टेशन से रात 20:30 बजे प्रस्थान करत वाराणसी से 20:45 बजे, वाराणसी सिटी से 21:10 बजे, औंड़िहार से 22:00 बजे, गाजीपुर सिटी से 22:50 बजे, बलिया से 23:55 बजे छूटके दूसरका दिन छपरा से 01:35 बजे, हाजीपुर से 02:45 बजे, मुजफ्फरपुर से 3:45 बजे, समस्तीपुर से 5:00 बजे, दरभंगा से 05:45 बजे छूटके सबेरे सात बजे जयनगर पहुंची।

ओहिजा, एह गाड़ी के संरचना में शयनयान क्षेणी के 20, वातानुकूलित तृतीय क्षेणी के तीन, एसएलआरडी के एगो कोच सहित कुल 24 कोच लगावल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.