[the_ad_group id="30365"]

प्रधानमंत्री मोदी के जन्मदिन पs योगीकइलें प्रदर्शनी के लोकार्पण, बोलले- कर्तव्य के प्रति ईमानदारी बरतल जरूरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि सभे अपने कर्तव्य के प्रति ईमानदारी बरते त आत्मनिर्भर भारत बन सकsता। एह दिशा में संयुक्त प्रयास करे के होई।एकरे खातिर समाज के हर वर्ग के लोग के ध्यान में रख के योजना चलावल जा रहल बा। एकरे वजह से वैश्विक मंच पर हमनी के धाक बा। सबसे बड़ महामारी में भी हमनीके कामयाब रहलीं जा। कोरोना कर्फ्यू में पूरा भारत प्रधामंत्री मोदी के साथे रहल। भारत पहिला देश ह जे रेवड़ी नाइ बांटल बलुक लोग के राहत दिहलस। ऊ कहले कि एकर श्रेय प्रधामंत्री के जाला। आजादी के अमृत महोत्सव के दौरान भारत दुनिया में नाम कमा रहल बा।

मुख्यमंत्री कहलें कि प्रधानमंत्री के 72 वां जन्मदिन उत्साह के साथ मनावल जा रहल बा। ई प्रदर्शनी बहुत बड़ कहानी बता रहल बा। उत्तर प्रदेश के विकास यात्रा में प्रधानमंत्री के योगदान अमूल्य बा। एह विकास यात्रा के शुरुआत काशी से होत देश के सर्वोच्च सदन ले पहुंचल बा। उनकर प्रयास देश के सब महापुरुषन के सपना के साकार करे वाला बा। आजादी के वक्त देखल गइल सपना प्रधानमंत्री पूरा कs रहल बानें। जन सहभागिता के माध्यम से ई साकार हो रहल बा। पीएम कहलें रहनें कि सामर्थ्यवान अउर श्रम के जरिए ही कुछ कइल जा सकsता। अतवार के आरोग्य मेला होई। एह दौरान डिप्टी सीएम केशव प्रसाद, ब्रजेश पाठक, अवनीश अवस्थी आदि मौजूद रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]