[the_ad_group id="30365"]

‘गुजरात पाकिस्तान नाइ हवें’, वेदांता-फॉक्सकॉन डील पर फडणवीस कइलें विपक्ष पर पलटवार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र में वेदांता-फॉक्सकॉन डील के लेके सियासी घमासान लगातार जारी बा। सत्ता पक्ष अउरी विपक्ष के बीच जुबानी जंग लगातार जारी बा।। एही में शुक्क के उपमुख्यमंत्री देवेंद्र फडणवीस एनसीपी अउरी शिवसेना पर करारा पलटवार कइलें अउरी कहलें कि एह परियोजना के गुजरात शिफ्ट होखे के पीछे रउआ सभन के सुस्ती जिम्मेदार बा। जब हमनीके सरकार में अइनीं जा त गुजरात में परियोजना स्थापित करे के निर्णय लगभग अंतिम चरण में रहल। मतलब ई कि डील गुजरात के साथ पक्का हो चुकल रहे।

गुजरात पाकिस्तान नाइ हवें: फडणवीस

फडणवीस कहलें कि गुजरात पाकिस्तान नाइ हवे। हम दूनों राज्य भाई-भाई हईं जा। सब राज्यन के बीच एगो स्वस्थ प्रतियोगिता बा। हमनीके जल्दिए गुजरात, कर्नाटक, सभी से आगे निकलल जाइल जाई। उ एमवीए सरकार पर हमला बोलत कहलें कि आपके शासन में त हमनीके अपने पड़ोसी राज्य से पिछड़ गइलीं जा।

का हवे विवाद?

वेदांता -फॉक्सकॉन डील के गुजरात में स्थापित होखे के घोषणा के बाद से शिवसेना, कांग्रेस अउर राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी एकनाथ शिंदे-फडणवीस सरकार पs लगातार हमला बोल रहल बा। यूनिट के पुणे के लग्गे स्थापित होखे के रहल लेकिन वेदांता-फॉक्सकॉन 13 सितंबर के गुजरात सरकार के संगे एगो आश्चर्यजनक कदम में समझौता ज्ञापन पर दस्खत कइलस- जेसे एगो बड़ राजनीतिक विवाद शुरू हो गइल।

1.54 लाख करोड़ रुपया के ह ई डील

भारतीय समूह वेदांता अउरी ताइवान के इलेक्ट्रॉनिक्स कंपनी फॉक्सकॉन 1.54 लाख करोड़ रुपया के निवेश के संगे गुजरात में देश के पहिला सेमीकंडक्टर संयंत्र स्थापित करी। वेदांत-फॉक्सकॉन के संयुक्त उद्यम के डिस्प्ले एफएबी विनिर्माण इकाई, सेमीकंडक्टर असेंबलिंग अउर टेस्टिंग इकाई राज्य के अहमदाबाद जिला में 1000 एकड़ क्षेत्रफल में स्थापित कइल जाई। एह संयुक्त उद्यम में दूनो कंपनियन के हिस्सेदारी क्रमश: 60 अउर 40 प्रतिशत होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]