लौहपुरुष सरदार पटेल के जयंती पs पीएम मोदी स्टैच्यू ऑफ यूनिटी पs दिहले श्रद्धांजलि

Minee Upadhyay

 

 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सरदार वल्लभभाई पटेल के जयंती पs स्टैच्यू ऑफ यूनिटी के मूर्ति पs पुष्प श्रद्धांजलि अर्पित कईले। एकरा संगे प्रधानमंत्री मोदी सरदार पटेल के जयंती पs एकता के शपथ भी लेले। सरदार पटेल देश के पहिला गृहमंत्री रहले अवुरी आजादी के बाद भारत के एकीकरण में उनुकर अहम भूमिका रहे, एहीसे उनुकर जयंती राष्ट्रीय एकता दिवस के रूप में भी मनावल जाला।

लौह पुरुष सरदार वल्लभभाई पटेल के 148 वां जयंती पs प्रधानमंत्री मोदी कहले कि राष्ट्रीय एकता के प्रति उनुकर प्रतिबद्धता आज भी सभके मार्गदर्शन करता। सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ‘एक्स’ पs पीएम मोदी एगो पोस्ट में कहले कि, सरदार पटेल के जयंती पs हमनी के उनुकर अदम्य भावना, दूरदर्शी नेतृत्व अवुरी असाधारण समर्पण के याद बा, जवना से उ हमनी के राष्ट्र के भाग्य के आकार देले रहले।उनुकर प्रतिबद्धता के मार्गदर्शन जारी बा हमनी के आज भी हमनी के हमेशा उनुकर ऋणी रहब जा।”

संगही मंगलवार के राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू, उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़, केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह अवुरी बहुत प्रमुख नेता सरदार वल्लभभाई पटेल के जयंती पs श्रद्धांजलि देले। राष्ट्रीय राजधानी के पटेल चौक पs आयोजित एगो विशेष समारोह में राष्ट्रपति मुर्मू, धनखड़, शाह अवुरी बाकी नेता भारत के पहिला गृहमंत्री के जयंती पs उनुका प्रतिमा पs पुष्प श्रद्धांजलि दिहलें। पटेल चौक पs आयोजित ए समारोह में दिल्ली के उपराज्यपाल वी के सक्सेना अवुरी विदेश राज्यमंत्री मीनाक्षी लेखी समेत बाकी लोग शामिल भईले।

 

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।