[the_ad_group id="30365"]

PM Modi: पीएम मोदी-शेख हसीना आजु तीन विकास परियोजना के करिहें उद्घाटन, क्रॉस-बॉर्डर रेल लाइनो शामिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अवुरी बांग्लादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना संयुक्त के एक नवंबर के सबेरे ११ बजे वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से तीन विकास परियोजना के उद्घाटन करीहे। इ जानकारी प्रधानमंत्री कार्यालय (पीएमओ) के आधिकारिक बयान में दिहल गईल बा।

इ तीनों परियोजना भारत के सहयोग से लागू भईल बा। एहमें अखौरा-अगरतला क्रॉस-बॉर्डर रेल लिंक, खुलना-मोंगला पोर्ट रेल लाइन आ मैत्री सुपर थर्मल पावर प्लांट की यूनिट-तीन, परियोजना में कहल गइलबा। भारत सरकार के ओर से बांग्लादेश के दिहल 392.52 करोड़ रुपिया के अनुदान के तहत अखौरा-अगरतला सीमा पार रेल लिंक परियोजना के लागू कईल गईल बा। पीएमओ के बयान में कहल गइल बा कि रेल लिंक के लंबाई 12.24 किलोमीटर बा जवना में बांग्लादेश में 6.78 किमी दोहरी गेज रेल लाइन आ त्रिपुरा में 5.46 किलोमीटर बा।

खुलना-मोंगला पोर्ट रेल लाइन परियोजना भारत सरकार के रियायती ऋण सुविधा के तहत विकसित कईल गईल बा, जवना के कुल परियोजना लागत 38.83 मिलियन अमेरिकी डॉलर बा। एह परियोजना में मोंगला बंदरगाह आ खुलना में मौजूदा रेल नेटवर्क के बीच लगभग 65 किलोमीटर के ब्रॉड गेज रेल मार्ग के निर्माण शामिल बा। एकरा संगे बांग्लादेश के दूसरा सबसे बड़ बंदरगाह मोंगला ब्रॉड-गेज रेलवे नेटवर्क से जोड़ल गईल बा।

15 किलोमीटर लंबा अगरतला-अखौरा क्रॉस बॉर्डर रेल संपर्क (भारत में 5 किमी अवुरी बांग्लादेश में 10 किमी) से सीमा पार से व्यापार में बढ़ोतरी होई अवुरी अगरतला से ढाका होत कोलकाता जाए के समय में भी कमी आई। फिलहाल अगरतला से ए ट्रेन के कोलकाता पहुंचे में 31 घंटा लागेला, जवन कि ए परियोजना शुरू होखला के बाद 21 घंटा तक कम हो जाई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]