[the_ad_group id="30365"]

सारण से चुनाव लड़ सकत बाड़ें तेजप्रताप यादव… मां आ ससुर के मिलल रहे हार 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लालू प्रसाद यादव के बड़ बेटा आ वन एवं पर्यावरण मंत्री तेज प्रताप यादव अपना बाबूजी के कर्म भूमि सारण लोकसभा क्षेत्र से चुनाव लड़ सकत बाड़ें। एही सीट से उनकर मां राबड़ी देवी आ ससुर चंद्रिका राय चुनाव हार चुकल बा लो।

ऊ आगे कहलें कि हमनी के लक्ष्य बा 2024 आ 2025 में इंडिया गठबंधन के झंडा के बुलंद करे के बा। जवना खातिर हमनी लागल बानी सs आ काम कर रहल बानी सs।

सारण सीट से आम चुनाव लड़ला के सवाल पs तेजप्रताप कहलें कि हमनी के तs अभी मंत्री बानी सs आ समय आई तs जरूर फाइट कइल जाई। लोगन के डिमांड होई तs उतरल जाई। पब्लिक के डिमांड पs अच्छा-अच्छा नेता उभर के आवेला लो।

तेजप्रताप छपरा में राम भरत मिलाप कार्यक्रम में बतौर मुख्य अतिथि सामिल भइलें।

4 बार लालू जीतलें, 2014 में राबड़ी देवी हरलें, 19 में चंद्रिका राय

छपरा लोकसभा क्षेत्र लालू के कर्म भूमि रहल बा। ऊ इहां से 4 बार सांसद रहल रहलें। संगही केंद्र सरकार में रेलमंत्री रहलें।  लालू यादव खातिर छपरा आ आसपास के क्षेत्र गढ़ मानल जाला।

लालू यादव के जेल गइला के बाद एह सीट पs लगातार हार के सामना करे के पड़ रहल बा। 2014 में राबड़ी देवी सारण सीट से चुनाव हार गइल रहली।

2019 में लालू यादव अपना समधी आ तेजप्रताप के ससुर चंद्रिका राय पs विश्वास जतवलें बाकिर उनहूं के हार के सामना करे के पड़ल। अब 2024 के चुनाव में राजद के तरफ से उम्मीदवारी के लेके उहापोह के इस्थिति बा।

मंच से बजवलें बांसुरी

अतवार के देर सांझ तेज प्रताप यादव राम भरत मिलाप कार्यक्रम में बतौर मुख्य अतिथि के रूप में पहुंचल रहस। कार्यक्रम के आयोजन छपरा के भगवान बाजार थाना क्षेत्र के भरत मिलाप चौक पs भइल रहे। कार्यक्रम के दौरान ऊ मंच से बांसुरी बजाके लोगन के मनोरंजन कइलें। बांसुरी के धुन सुनके लोग बहुते रोमांचित भइल।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]