[the_ad_group id="30365"]

अकाउंट सस्पेंड होखला पs यूजर कs सकी लोग अपील

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

माइक्रोब्लॉगिंग साइट ट्विटर अकाउंट सस्पेंड करे खातिर जानल जाला। आइल दिने हजारन लोगन के ट्विटर अकाउंट सस्पेंड होला। लोगन के लगे अपील के मवका ना होला, बाकिर अब ट्विटर एमे बदलाव करे जा रहल बा। ट्विटर कहलस कि अकाउंट सस्पेंड होखे वाला यूजर अकाउंट के रि-स्टोर करे खातिर अपील कs सकी लोग।

एकर सुरुआत 1 फरवरी से होखे जा रहल बा। ओहिजा ट्विटर अकाउंट तबे सस्पेंड होई, जब बेर-बेर ट्विटर के नियमन आ पॉलिसी के उल्लंघन होई। एमे कवनो खास वर्ग के प्रति हिंसा के बढ़ावा देहल, केहू के धमकावल, गैरकानूनी कंटेंट शेयर कइल आदि सामिल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]