[the_ad_group id="30365"]

ग्रुप में मैसेज रिएक्शन पs काम कर रहल बा व्हाट्सऐप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मेटा-स्वामित्व वाला मैसेजिंग प्लेटफॉर्म व्हाट्सऐप एह दिनन नया-नया फीचर्स जारी कर रहल बा। अब ऊ एगो नया फीचर पs काम कर रहल बा। जवना से यूजर के आईओएस पs अनाउंसमेंट ग्रुप के मैसेज पs रिएक्ट करे के अनुमति मिली।

ई फीचर अभी आईओएस बीटा यूजर खातिर जारी कइल गइल बा। रिपोर्ट के मोताबिक, ई कम्युनिटी मैसेज रिएक्शन सामान्य मैसेज पs दिहल गइल रिएक्शन के जइसन हो सकत बा। वेबीटाइन्फो के रिपोर्ट में कम्युनिटी अनाउंसमेंट ग्रुप में मैसेज रिएक्शन फीचर के जानकारी दिहल गइल बा।

रिपोर्ट के अनुसार, व्हाट्सऐप बीटा यूजर खातिर एगो इन-ऐप बैनर जारी कइल गइल बा। एह बैनर के माध्यम से यूजर अपडेट के बाद चैट में रिएक्शन देवे आ देख पाये के सुविधा मिली। रिपोर्ट में एकर स्क्रीनशॉट शेयर कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]