[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर मुख्य विकास अधिकारी के गेट पर बुजुर्ग पढ़लें नमाज, VIDEO वायरल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर (Gorakhpur) जिला में एगो हैरान करे वाला मामला सामने आइल बा। इहां मुख्य विकास अधिकारी संजय कुमार मीणा (IAS) के सरकारी आवास के बाहर एगो बुजुर्ग आदमी नमाज (Namaz) पढ़लें। एह दौरान कौनो राहगीर ओकर वीडियो बना के वायरल कs देहलस। वीडियो वायरल होखला के बाद हिन्दू संगठन एकर विरोध जतवले बानें। एसपी सिटी जांच के आदेश देहलें बानें।

वायरल वीडियो में दिख रहल राहगीर ई दावा कइनें कि बेतियाहाता स्थित आईएएस अधिकारी संजय कुमार मीणा के आवास के सामने बुजुर्ग नमाज पढ़ रहल बानें।

राहगीर ठाढ़ होके वीडियो बनावत कह रहल बानें कि इनके कहीं अउरी जगही नाइ मिलल ह नमाज पढ़े खातिर? ई मुख्य विकास अधिकारी के आवास के सामने आके नमाज पढ़ रहल बानें। एसे भी बड़ी बात ह कि सुरक्षा प्रशासनिक कर्मी देख भी रहल बानें लेकिन कुछ बोलले के जहमत नाइ उठा रहल बाने।
राहगीर बुजुर्ग के नमाज पढ़ने की प्रक्रिया पूरा होखले पर उनके लग्गे पहुंच के सवालो कइलें। राहगीर के पूछने पर बुजुर्ग कहलें कि गलती हो गईल, माफ कs दीं। आपन गलती मानतनी।
एह पर राहगीर कहने कि रउआ के एकरे अलावा कौनो जगह नमाज पढ़ने खातिर नाइ मिलल, त एह पर बुजुर्ग जवाब देहलें कि जगह साफ-सुथरी रहल एहलिए इहवाँ नमाज अदा कर लेहली। राहगीर के पूछताछ कइले पर बुजुर्ग बतवले कि ऊ अस्पताल में इलाज करावे खातिर आइल बानें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]