Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

तेल कंपनी सब जारी कइलें पेट्रोल-डीजल के दाम, जानीं रउआ शहर में कीमत

3,483
तेल कंपनी सब आजु खातिर पेट्रोल अउर डीजल के दाम जारी कs दिहले बा। आजु कंपनी सब दिल्ली अउर चेन्नई में तेल के दाम में बदलाव कइले बानें सब। सरकार कुछ महीना पहिले पेट्रोल-डीजल के कीमत घटावे के घोषणा कइले रहल। देश में तेल के दाम लगभग पिछले चार महीने से ज्यादा समय से स्थिर बा।
आजु दिल्ली में एक लीटर पेट्रोल 96.72 रुपया प्रति लीटर जबकि डीजल 89.62 रुपया प्रति लीटर मिल रहल बा। मुंबई में पेट्रोल के कीमत 106.31 रुपया अउर डीजल के कीमत 94.27 रुपया प्रति लीटर बा। कोलकाता में पेट्रोल के दाम 106.03 रुपया जबकि डीजल के दाम 92.76 रुपया प्रति लीटर बा। उहवें चेन्नई में भी पेट्रोल 102.63 रुपया प्रति लीटर त डीजल 94.24 रुपया प्रति लीटर बा।

जानीं प्रमुख महानगरन में केतना बा कीमत

आजु दिल्ली, कोलकाता, मुंबई अउर चेन्नई जइसन शहरन में एक लीटर पेट्रोल अउर डीजल के कीमत एह प्रकार बा।
शहर डीजल पेट्रोल
दिल्ली 89.62 96.72
मुंबई 94.27 106.31
कोलकाता 92.76 106.03
चेन्नई 94.24 102.63

(पेट्रोल-डीजल के कीमत रुपया प्रति लीटर में बा।) 

जानीं आपके शहर में केतना बा दाम

पेट्रोल-डीजल के कीमत रउआ एसएमएस के जरिए भी जान सकल जाला। इंडियन ऑयल के वेबसाइट पs जा के रउआ के RSP अउर अपने शहर के कोड लिख के 9224992249 नंबर पर भेजे के होई। हर शहर के कोड अलग-अलग बा, जौन रउआ के आईओसीएल के वेबसाइट से मिल जाई।

412140cookie-checkतेल कंपनी सब जारी कइलें पेट्रोल-डीजल के दाम, जानीं रउआ शहर में कीमत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.