[the_ad_group id="30365"]

ODI World Cup: 8-0! पाकिस्तान लाखन लोग के सामने टेकलस घुटना, टॉप पs पहुंचल टीम इंडिया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

IND vs PAK, वनडे विश्व कप 2023 : वनडे विश्व कप 2023 के मैच भारत आ पाकिस्तान के बीच भइल। टीम इंडिया एह मैच में 7 विकेट से जीत हासिल कइलस।एह जीत के साथ टीम इंडिया अंक तालिका में भी पहिला स्थान पs पहुंच गईल बिया। भारत के जीत में गेंदबाज आ रोहित शर्मा के अहम भूमिका रहल। विश्व कप में भारत लगातार आठवीं बेर पाकिस्तान के हरा दिहले बा। साथही भारत के खिलाफ विश्व कप में पहिला जीत के पाकिस्तान के सपना एक बेर फेरू चकनाचूर हो गइल। अब भारत 8-0 से आगे बा।

मैच कइसन रहल?

भारत आ पाकिस्तान के बीच खेलल मैच के बात कइल जाव त एह मैच में टीम इंडिया के कप्तान रोहित शर्मा टॉस जीत के गेंदबाजी करे के फैसला कइलन ।पहिले बल्लेबाजी करत पाकिस्तान टीम 42.5 ओवर में 191 रन बना के ऑल आउट हो गइल। एह दौरान शार्दुल ठाकुर के छोड़ के भारत के सगरी गेंदबाज एह मैच में विकेट ले लिहले। हालांकि शार्दुल ठाकुर महज दू ओवर गेंदबाजी कइलन। बाकी गेंदबाजन के बात कइल जाव त सभे दू-दू विकेट ले लिहले। एहमें मोहम्मद सिराज, जसप्रीत बुमराह, हार्दिक पांड्या, रवींद्र जडेजा आ कुलदीप यादव के नाम शामिल रहे। पाकिस्तान खातिर बाबर आजम 50 रन के सबले बेसी पारी खेलले। जबकि मोहम्मद रिजवान 49 रन बनवले।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]