IND vs PAK: भारत आ पाकिस्तान आजु विश्व कप में आठवीं बार आपस में टकरइहें

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 14, 2023

  इंतजार के घंटा खतम हो गईल बा। भारत आ पाकिस्तान के बीच होखे वाला महान मुकाबला के मंच तइयार बा। विश्व कप में शनिचर के दिने दुनिया के सबले बड़का नरेंद्र मोदी क्रिकेट स्टेडियम

Share

 

इंतजार के घंटा खतम हो गईल बा। भारत आ पाकिस्तान के बीच होखे वाला महान मुकाबला के मंच तइयार बा। विश्व कप में शनिचर के दिने दुनिया के सबले बड़का नरेंद्र मोदी क्रिकेट स्टेडियम में एक लाख 32 हजार दर्शकन के बीच एह दुनु पड़ोसी देशन के मुकाबला आठवीं बेर होखी। विश्व कप में पाकिस्तान के खिलाफ पिछला सात गो मैचन में भारत के इतिहास गौरवशाली रहल बा।

भारत एह सगरी सात गो मैच में जीत हासिल कइले बा। रोहित शर्मा के टीम विश्व कप में पाकिस्तान पs लगातार आठवाँ जीत हासिल करे के लक्ष्य राखी। हालांकि एह महान मैच पs बरखा के परछाई के संभावना भी बा। मौसम विभाग के अनुमान बा कि मैच के दौरान बरखा हो सकता।

गिल के खेलले पs सस्पेंस

भारत के धरती पs दुनो देश के बीच विश्व कप के इ तीसरा मैच बा। एकरा से पहिले 1996 में बेंगलुरु (क्वार्टर फाइनल) में आ 2011 में मोहाली (सेमीफाइनल) में दुनु जने के टक्कर भइल रहे जहाँ भारत जीतल रहे.। डेंगू से उबरल शुभमन गिल के छोड़ दिहल जाव तs भारतीय टीम संतुलित लउकत बिया। गिल नेट पs भी अभ्यास कइले रहले, लेकिन उनुका खेल के लेके अबहियों सस्पेंस बा।

हालांकि कप्तान रोहित शर्मा निश्चित रूप से कहले बाड़न कि शुबमन गिल खेले खातिर 99 फीसदी तइयार बाड़न ।अगर ऊ खेलसु तs उनुका से उमेद कइल जाई कि ऊ एशिया कप में पाकिस्तान के खिलाफ जवन फॉर्म देखवले रहले जवना में ऊ पावरप्ले में छह गो चौका मार के शाहीन अफ्रीदी के गति के बिगाड़ दिहले।

एहसे पहिले भारत में महज तीन गो पाकिस्तानी क्रिकेटर आइल बाड़े

एह विश्व कप में खेले वाली पाकिस्तानी टीम में महज तीन गो क्रिकेटर कप्तान बाबर आजम, इफ्तिखार अहमद आ मोहम्मद नवाज एहसे पहिले भारत के दौरा कइले बाड़न। तीनों 2016 के टी-20 विश्व कप खेले आइल टीम के सदस्य रहलें। एह सब के छोड़ के सब केहू पहिला बेर भारत आइल बा।

जाहिर बा कि भारत से बेसी पाकिस्तान पs दबाव रही। पहिला बात कि उनुका अहमदाबाद में डेढ़ लाख से अधिका दर्शकन के सोझा खेले के पड़ी। हालांकि पाकिस्तान एह विश्वकप में सबले बड़का स्कोर के पीछा करत श्रीलंका के हरा दिहलस आ नीदरलैंड पs भी बड़हन जीत मिलल बाकिर ओकर असली परीक्षा एह मैच में होखी।

लय में बा भारतीय टीम

भारतीय टीम पांच बेर के विश्व चैंपियन आस्ट्रेलिया के हरा के आइल बिया। अफगानिस्तान पs ओकर आसान जीत दर्ज भइल जहाँ रोहित शर्मा एगो धुआंधार शतक बनवले आ ईशान किशन के साथे 156 रन के साझेदारी साझा कइलन। विराट, राहुल भी फॉर्म में बाड़े अवरू जसप्रीत बुमराह अबे ले शानदार गेंदबाजी कईले बाड़े। कुलदीय यादव भी आपन प्रभाव छोड़ रहल बाड़े।

देखे के बा कि गिल खेलत बाड़े कि ना।अगर ऊ ना खेलसु तs ईशान के एक बेर फेरु रोहित के साथे ओपनिंग करे के मउका मिल जाई। इहो देखल दिलचस्प होखी कि भारतीय टीम में अश्विन के शार्दुल के जगहा राखल गइल बा कि ना। अगर पिच बल्लेबाजन के मुताबिक रहल त शार्दुल खेल सकेलें आ अगर स्पिनरन के तनी मदद भी मिल जाव तs अश्विन खेल सकेलें।

मैच खातिर दुनु टीम-

भारत: रोहित शर्मा (कप्तान), श्रेयस अय्यर, शुभमन गिल, सूर्यकुमार यादव, विराट कोहली, ईशान किशन, केएल राहुल (विकेटकीपर), हार्दिक पांड्या, रवींद्र जडेजा, शार्दुल ठाकुर, कुलदीप यादव, रविचंद्रन अश्विन, जसप्रीत बुमराह, मोहम्मद शमी आ मोहम्मद सिराज।

पाकिस्तान: बाबर आजम (कप्तान), अब्दुल्ला शफीक, फखर जमान, इमाम उल हक, सऊद शकील, सलमान अली अगा, इफ्तिखार अहमद, मोहम्मद रिजवान (विकेटकीपर), मोहम्मद हारिस, मोहम्मद नवाज, शादाब खान, अबरार अहमद, हारिस रऊफ, हसन अली, मोहम्मद वसीम, शाहीन अफरीदी आ उसामा मीर।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.