[the_ad_group id="30365"]

अब कड़ाका के सर्दी देखाई आपन तेवर: आजु से चली तेज बर्फीला बेयार, एह हप्ता पड़ रहल बा कोहरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली में दिसंबर महिना में अब ले कड़ाका के ठंड नइखे पड़त। ई महीना अभीन कंपकंपा देवे वाला सर्दी के बजाये दिन में गर्मी के एहसास करा रहल बा। लेकिन अब मंगर से तेज बर्फीला बेयार मैदानी इलाका में सर्दी के बढ़ा देई। सप्ताह के आखिरी ले अधिकतम अउर न्यूनतम तापमान में गिरावट होखले के चलते सर्दी आपन तेवर दिखावल शुरू क दी। एह हप्ता से घन कोहरा पड़ल शुरू हो गइल बा।

ठंडी दिसंबर के शुरूआत से ही शुरू हो गइल बा अउर अधिकतम तापमान 27 डिग्री से ऊपर चल रहल बा। अतवार के अधिकतम तापमान सामान्य से चार डिग्री बेसी 28.4 डिग्री सेल्सियस अउर न्यूनतम तापमान 8.8 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल रहे। जबकि सोमार के अधिकतम तापमान 27.1 डिग्री अउर न्यूनतम तापमान 8.4 डिग्री सेल्सियस रहल। अमूमन 12 दिसंबर से 16 दिसंबर के बीच अधिकतम तापमान 23.2 डिग्री रहsला, लेकिन एह बेर ई तीन से चार डिग्री बेसी चल रहल बा।

मौसम विभाग के मानल जाव त मंगर से बर्फीला बेयार के तेज होखले के चलते तापमान में तेजी से गिरावट होखल शुरू होई। पहाड़न में पश्चिमी विक्षोभ के असर कम होखले से ई गिरावट दर्ज होई। मंगर से तापमान 26 डिग्री अउर आठ डिग्री ले रहले के अनुमान बा।

सुक्क ले अधिकतम तापमान 24 डिग्री अउर न्यूनतम तापमान 06 डिग्री ले पहुंच जाई। दरअसल अभिन ले कोहरा नाइ पड़ल बा अउर एही चलते धूप धरती ले पहुंच रहल बा। जब कोहरा पड़ी त सर्दी से राहत खतम हो जाई। कोहरा पड़लो सुरु हो गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]