[the_ad_group id="30365"]

अब हर घंटी पs बनी शिक्षकन के हाजिरी: प्रत्येक घंटी पs रजिस्टर में देवे के होई विषय के विवरण, सभे के 6 क्लास लिहल अनिवार्य

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में शिक्षा व्यवस्था में सुधार खातिर शिक्षा विभाग लगतार प्रयासरत बा। प्रतिदिन पटना से वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से जिला के शिक्षा अधिकारियन के संगे मीटिंग लिहल जा रहल बा। आदेसन के अनुपालन हो रहल बा आ एकर समीक्षा कइल जा रहल बा। शिक्षा विभाग के अपर मुख्य सचिव के के पाठक सब शिक्षकन के प्रत्येक घंटी के हिसाब किताब रखे के निरदेस दिहल गइल बा।

जवना के तहत प्राथमिक माध्यमिक, उच्च माध्यमिक आ इंटर कॉलेज में सब शिक्षकन के प्रत्येक घंटी के एगो रजिस्टर में विवरण भरे के निरदेस दिहल गइल बा। एकरा के लेके जिला शिक्षा पदाधिकारी राजेंद्र सिंह सब शिक्षकन के निर्देश देले बाड़ें कि सब शिक्षक आपन अलग-अलग रजिस्टर रखके आ प्रत्येक घंटी के विवरण लिखी लो।

प्रखंड कार्यालय में जमा करे के होई रजिस्टर

बता दीं कि रजिस्टर में शिक्षकन के कवना घंटी में कवन विषय पढ़वले बा लो। पहिला घंटी कवना कक्षा के लिहल लो। एह सब के विवरण देवे के होई। जेतना कक्षा के क्लास शिक्षा के उतना बेर आपन उपस्थिति रजिस्टर में नोट करिहें। एकरा के लेके शिक्षा विभाग एगो प्रपत्र जारी कइल गइल बा।

जेमे पहिला घंटी से लेके आठवीं घंटी तक के कॉलम बनल रही। शिक्षकन के कम से कम छह घंटा लिहल अनिवार्य रही। सब शिक्षकन के आपन रजिस्टर प्रखंड शिक्षा कार्यालय में जमा करे के होई। अब शिक्षकन के एक साल के एगो उपस्थिति पंजी ना रही। हर महीना के एगो उपस्थिति पंजी होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]