[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में अब खाली रात के ठंडा: दिन में खिल रहल बा तेज घाम, सबेरे-सांझ कोहरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। दिन में हो रहल तेज धूप के कारण मौसम में बदलाव देखल जा रहल गा। शीतलहर के असरो कम होत जा रहल बा, जवना से शहर के लोग कुछ राहत महसूस कs रहल बा।

मौसम विभाग के अनुसार, पिछलका कुछ दिनन से चलल आ रहल सर्दी अब तनिका कम होत नजर आ रहल बा। सबेरही से सूरज के तेज किरण नजर आ रहल बा, जवना से दिन के तापमान में बढ़न्ती हो रहल बा।

तेज घाम दे रहल बा सर्दी से राहत

मौसम विशेषज्ञन के मोताबिक, बियफे के दिन के अधिकतम तापमान 23 डिग्री सेल्सियस तक पहुंचे के संभावना बा, जबकि न्यूनतम तापमान 10 डिग्री सेल्सियस रहे के संभावना बा।

एकरा पहिले, गोरखपुर में पिछलका हफ्ता सर्दी आ शीतलहर के असर बहुते गहिराह रहे, जवना से शहरवासी ठंडा से परेसान रहे लो। अब तेज घाम आ बढ़त तापमान सर्दी से राहत देले बा, बाकिर रात के समय ठंडा बनल बा।

आवे वाला दिनन में सामान्य रही मौसम

मौसम विभाग के कहनाम बा कि ई बदलाव अगिला कुछ दिनन तक जारी रह सकत बा। हालांकि, तापमान में बढ़न्ती के बावजूद, गोरखपुर के लोग अभियो सबेरे आ सांझ के समय हलुका ठंड के अनुभव कs रहल बा। विभाग आवे वाला दिनन में मौसम के सामान्य रहला के अनुमान जतवले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]