6 फरवरी के सारण में रोजगार मेला के आयोजन: रेल पहिया कारखाना सहित कई कंपनियन में भरती

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 1, 2025

सारण में बेरोजगार नवहन खातिर रोजगार पावे के सुनहरा मवका बा। अवर प्रादेशिक नियोजनालय छपरा के ओर से छह फरवरी के राजेंद्र स्टेडियम में एगो दिवसीय मेगा नियोजन-सह-मार्गदर्शन मेला के आयोजन कइल जाई। एमे रेल

Share

6 फरवरी के सारण में रोजगार मेला के आयोजन: रेल पहिया कारखाना सहित कई कंपनियन में भरती


सारण में बेरोजगार नवहन खातिर रोजगार पावे के सुनहरा मवका बा। अवर प्रादेशिक नियोजनालय छपरा के ओर से छह फरवरी के राजेंद्र स्टेडियम में एगो दिवसीय मेगा नियोजन-सह-मार्गदर्शन मेला के आयोजन कइल जाई। एमे रेल पहिया कारखाना बेला, अखंड ज्योति आँख अस्पताल मस्तीचक, ऋषभ ऑटोमोबाइल आ सिटी कार्ट छपरा जइसन प्रतिष्ठित कंपनी भर्ती करिहें सs।

नौकरी के इच्छुक उम्मीदवारन खातिर न्यूनतम शैक्षणिक योग्यता 10वीं पास बा, जबकि अधिकतम बी-टेक तक के अभ्यर्थी आवेदन कs सकत बा लो। एकरा अलावे 12वीं, ITI, स्नातक आ डिप्लोमा धारक आवेदन कs सकत बा लो। चयनित उम्मीदवारन के 12,500 से 27,500 रुपिया तक के मासिक वेतन दिहल जाई।

मेला में भाग लेवे खातिर उम्मीदवारन के नियोजनालय में पंजीकरण होखल अनिवार्य बा। पंजीकरण भारत सरकार के पोर्टल www.ncs.gov.in पs ऑनलाइन कइल जा सकत बा। उम्मीदवार घर बइठलें भा अवर प्रादेशिक नियोजनालय, छपरा कार्यालय में जाके पंजीकरणो करा सकत बा लो। मेलो के दिन पs ऑनलाइन पंजीकरण के सुविधा उपलब्ध रही। ई रोजगार मेला स्थानीय नवहन के रोजगार के बेहतर अवसर प्रदान करे में मददगार साबित होई।

Read Also: गोरखपुर में अब खाली रात के ठंडा: दिन में खिल रहल बा तेज घाम, सबेरे-सांझ कोहरा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.