Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अब ना करे के होई इंतजार, 2 मिनट में होई बिजली बहाल, मोबाइल एप से जुड़ी स्मार्ट मीटर

1,276

धर्मेंद्र कुमार सिंह: राज्य में स्मार्ट मीटर से जुड़ल उपभोक्तन के परेसानी कम होखे लागल बा। रिचार्ज के घंटन बाद बिजली बहाल होखला के समस्या के दूर कs लिहल गइल बा। अब उपभोक्ता लोगन के रिचार्ज के बाद महज एक से दु मिनट में बिजली मिल जाई। एतने ना, नॉन कम्यूनिकेशन गैपिंग एगो बड़ समस्या रहे, एहु से राहत मिली। नॉन कम्यूनिकेशन गैपिंग में ई समस्या आवत रहलें कि मोबाइल एप पs बिजली खपत आ पैसा कटला के जानकारी नियमित ना मिल पावत रहे। लोगन में एकरा के लेके पईसा जादे कटला के संशय बनल रहत रहे। बाकिर अब उपभोक्ता लोगन के मोबाइल एप पs बिजली खपत के जानकारी रोजाना मिलला के संगे पईसा कटलो के सूचना नियमित मिली। अभी तक सर्वर के क्षमता कम होखे से ई समस्या बनल रहत रहे। बिजली कंपनी एह पs जोर-शोर से काम करत सर्वर के क्षमता के विस्तार कइले बाड़ें। फिलहाल सर्वर के क्षमता 15 लाख स्मार्ट मीटरन के संचालित करे के हो गइल बा। पहिले ई क्षमता महज पांच लाख मीटरन तक रहे। जइसे-जइसे मीटर लाग रहल बा सर्वर के क्षमता के विस्तार कइल जा रहल बा। पहिले इहो समस्या रहे कि उपभोक्ता रिचार्ज स्मार्ट मीटर के करवावत रहे आ पईसा पोस्टपेड मीटर में चलल जात रहे। ई परेसानी सर्वर के कारण होत रहे। एकरो के दूर कs लिहल गइल बा।

साढ़े 12 लाख लाग गइल स्मार्ट मीटर

स्मार्ट मीटर के सर्वर के क्षमता 15 लाख मीटरन के हो गइल बा। पटना समेत राज्यभर में साढ़े 12 लाख स्मार्ट मीटर लगावल जा चुकल बा। एह साल तक बिजली कंपनी के लक्ष्य राज्यभर में साढ़े 23 लाख मीटरन के लगावे के बा। एमें पटना में साढ़े छह लाख मीटर लगावल जाई। अभी तक चार लाख 17 हजार मीटर लगावल जा चुकल बा। अप्रिल तक सौ फीसदी मीटर लगावे के लक्ष्य बा। जेतना मीटर लगावल जाई ओसे पांच लाख बेसी मीटरन के क्षमता के सर्वर विस्तार होई। ताकि उपभोक्ता लोगन के स्मार्ट मीटर से जुड़ल कवनो तरे के परेसानी ना होई।

2023 तक राज्यभर में साढ़े 23 लाख मीटर लगावे के लक्ष्य

ऑपरेशन साउथ बिहार पावर डिस्ट्रीब्यूशन कंपनी के निदेशक अशोक कुमार कहलें कि स्मार्ट मीटर रिचार्ज के बाद तुरंत बिजली बहाल होई। जवना सर्वर से मीटर संचालित होला ओकर क्षमता के विस्तार कइल गइल बा। साढ़े 12 लाख मीटर लगावल गइल बा। फिलहाल सर्वर के क्षमता 15 लाख मीटरन के हो गइल बा। एह पs निरंतर काम चल रहल बा। जइसे-जइसे मीटर लागी सर्वर के क्षमता के विस्तार होत जाई।

नया बेवस्था व्यवस्था से मिलल बड़ राहत

स्मार्ट मीटर वाला उपभोक्ता लोगन के बीच रिचार्ज करे के तुरंत बाद बिजली बहाल के सुविधा जाड़ा से मिलल सुरू हो गइल बा। अबकी बेर के गरमी उपभोक्ता लोगन के अच्छी कटी। रिचार्ज के बाद घंटन बिजली खातिर इंतजार ना करे के पड़ी। बीतल साल के गरमी में उपभोक्ता लोगन खातिर ई समस्या नासूर बनल रहे। उपभोक्ता लोगन में एकरा के लेके बहुते आक्रोश रहल करत रहे। अभी बिजली कंपनी भा पेसू के लगे एको शिकायत रिचार्ज के बाद बिजली बहाल में देर होखे के नइखे आ रहल।

नेटवर्क मजबूत रखला खातिर बाहर लगावल जा रहल बा स्मार्ट मीटर

स्मार्ट मीटर में जिओ के 4 जी सिम लागल बा। नेटवर्क मजबूत रखला खातिर मीटर के घर के बाहर लगावल जा रहल बा। कवनो मीटर घर के भीतर ना लागी। एकरा से रिचार्ज में नेटवर्क बाधा ना बनी। संगही प्रीपेड में रिचार्ज कइला पs पोस्ट पेड मीटर में पईसा ना जाई।

442080cookie-checkअब ना करे के होई इंतजार, 2 मिनट में होई बिजली बहाल, मोबाइल एप से जुड़ी स्मार्ट मीटर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.