Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिन में 30 मिनट तक चलल स्वास्थ्य खातीर केतना फायदेमंद होला

आज के व्यस्त जीवन में बहुत लोग जादा ना चलेला, लेकिन अधिकांश लोग के रोज 15 से 30 मिनट तक नियमित रूप से चले के सलाह दिहल जाला। रोज 15 से 30 मिनट तक पैदल चलला से ना सिर्फ आदमी के शारीरिक स्वास्थ्य में सुधार होला। बल्कि इ आपके मानसिक स्वास्थ्य खातीर भी फायदेमंद बा, अइसन स्थिति में हमनी के इहाँ बताईब कि जदी आप रोज 30 से 40 मिनट तक पैदल चलब त आपके स्वास्थ्य खातीर का फायदा होई।

558

दिन में 30 मिनट तक चलल स्वास्थ्य खातीर केतना फायदेमंद होला

टहलल जरूरी ह: फोटो

आज के व्यस्त जीवन में बहुत लोग जादा ना चलेला, लेकिन अधिकांश लोग के रोज 15 से 30 मिनट तक नियमित रूप से चले के सलाह दिहल जाला। रोज 15 से 30 मिनट तक पैदल चलला से ना सिर्फ आदमी के शारीरिक स्वास्थ्य में सुधार होला। बल्कि इ आपके मानसिक स्वास्थ्य खातीर भी फायदेमंद बा, अइसन स्थिति में हमनी के इहाँ बताईब कि जदी आप रोज 30 से 40 मिनट तक पैदल चलब त आपके स्वास्थ्य खातीर का फायदा होई।

हमनी के रोज कुछ समय पैदल चले खातीर निकाले के चाही काहेंकी एकरा से स्वास्थ्य के बहुत फायदा होला। इ आपके बहुत बेमारी से लड़े में मदद करेला।

चलला के फायदा

सबेरे अवुरी शाम के टहलला से 3500 कैलोरी जरेला जवन कि वजन के नियंत्रित करे में मदद करेला। हर उमिर के लोग खातिर पैदल चलल एगो दवाई ह। जबकि मॉर्निंग वॉक से दिन भर ऊर्जावान बनल रहेला।

दिल फिट रहला

अगर आप रोज चलत बानी त आपके दिल जवान रही । शोध के मुताबिक, जवन लोग रोज 15,000 कदम चलेले, ओ लोग में दिल के बेमारी के खतरा कम होला। काहे कि जेतना जादा चलब ओतने आपके खून के संचार बढ़ेला अउरी कोलेस्ट्रॉल के स्तर नियंत्रण में रहेला।

मानसिक स्वास्थ्य

शोध के मुताबिक दिमाग अउरी तंत्रिका तंत्र में मौजूद हार्मोन सक्रिय रहेला, जवना के चलते याददाश्त बरकरार रहेला। एकरा से तनाव, अवसाद अउरी अल्जाइमर के खतरा भी कम हो जाला।

फेफड़ा स्वस्थ रहेला

फेफड़ा के मजबूत राखे में चलल बहुत कारगर होला। कवनो भी तरह के वायरल संक्रमण आपके फेफड़ा पे सबसे जादे प्रभावित करेला। एही से टहले जाए के एगो बढ़िया विकल्प बा।

पेट के साफ करेला

अगर रउरा कब्ज, एसिडिटी, अपच के समस्या बा त सबेरे-सांझ के 20-25 मिनट तक चले के चाही।साथे-साथे अगर खाना खईला के बाद भी 10 मिनट तक चलल जाए त इ आपके खातीर जादे फायदेमंद होई। एहसे पेट से जुड़ल कवनो प्रकार के समस्या से छुटकारा जरूर मिली।

केतना डेग चले के बा

विशेषज्ञ के मुताबिक हर आदमी के रोज 30 मिनट यानी लगभग 10 हजार कदम यानी 6-7 किलोमीटर पैदल चले के चाही।ध्यान रहे कि अगर आप छोट बानी त तनी तेजी से चली अउरी जदी उमर मे बड़ बानी त धीरे-धीरे चल सकतनी।| एकरा संगे-संगे याद राखीं कि चलत घरी लंबा सांस लेवे के चाही ताकि आपके फेफड़ा में पर्याप्त ऑक्सीजन मिल सके।

442340cookie-checkदिन में 30 मिनट तक चलल स्वास्थ्य खातीर केतना फायदेमंद होला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.