[the_ad_group id="30365"]

अब स्कॉटलैंड में खालिस्तानियन के दादागीरी! भारतीय उच्चायुक्त के गुरुद्वारा में जाए से रोकलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

एडिनबर्ग : ब्रिटेन के स्कॉटलैंड में भारतीय उच्चायुक्त विक्रम दोरईस्वामी के संगे दुर्व्यवहार के मामिला सोझा आईल बा। खबर के मुताबिक, भारतीय उच्चायुक्त विक्रम दोरईस्वामी के खालिस्तानी गुरुद्वारा आवे से रोकले। गुरुद्वारा समिति के नेवता पs विक्रम दोरईस्वामी लंगर कार्यक्रम में शामिल होखे आईल रहले, लेकिन जसही उनुकर गाड़ी गुरुद्वारा के मुख्य गेट पs पहुंचल त 3-4 कट्टरपंथी सिख उनुका के गुरुद्वारा में घुसे से रोक के नारेबाजी लगावे लगले। हैरानी के बात इ बा कि ए सिख कट्टरपंथी के केहु रोके के कोशिश ना कईलस।

 खालिस्तानी भी गाड़ी के दरवाजा खींचले

खबर के मुताबिक गुरुद्वारा में लंगर के तैयारी पूरा हो चुकल रहे अवुरी हॉल में टेबुल आदि भी लगावल गईल रहे। लेकिन जसही भारतीय उच्चायुक्त उहाँ पहुंचले, कुछ सिख कट्टरपंथी उनुका संगे बदसलूकी करे लगले। वीडियो में साफ लउकत बा कि सिख कट्टरपंथी भारतीय उच्चायुक्त के गाड़ी के दरवाजा भी खींच लेले। कुछ समय में भारतीय उच्चायुक्त विक्रम दुराईस्वामी अपना ड्राइवर के छोड़े के आदेश देले अवुरी उ बिना कार्यक्रम में शामिल भईले गुरुद्वारा के गेट से वापस चल गईले। अचरज के बात इ बा कि उ सिर्फ गुरुद्वारा समिति के नेवता पs उहाँ गईल रहले, लेकिन उहाँ उनुकर सुरक्षा के कवनो इंतजाम ना रहे।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]