[the_ad_group id="30365"]

अब रामगढ़ताल किनारे करीं भिन्नही के सुरक्षित सैर अउरी योग, बनावल गइल मास्टर प्लान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के रामगढ़ताल के किनारे भिन्नही के सैर अउरी योग करने वालन अउर साँझ के आवे वालन खातिर सुविधा खातिर पुलिस पहल कइलें बा। सुबह सैर अउर योग पर आवे वालन के सुरक्षा खातिर ताल किनारे वाले रोड पर गाड़ी के आवागमन पूरी तरह से प्रतिबंधित रही।

ई व्यवस्था भिन्नही पांच बजे से आठ बजे ले लागू रही। एही तरह साँझ के घूमें आवे वालन खातिर शाम पांच से रात 10 बजे ले डायवर्जन लागू कइल गइल। चार पहिया वाहन के सीधे इंट्री नाइ होई अउर वाहन खातिर पार्किंग भी निर्धारित क देहल गइल बा।

जानकारी के मुताबिक, रोजाना रामगढ़ताल के किनारे स्थित सड़क पर टघरे, साइकिल चलावे अउरी योग करे वालन के सुरक्षा अउरी सुविधा के ध्यान में रखत पैड़लेगंज स्थित गौतम बुद्ध प्रवेश द्वार से लेके नौकायन ले जाए वाले मुख्य मार्ग के रामगढ़ताल के किनारे स्थित लेन वाकर पथ के रूप में प्रयोग कइल जाई।

भिन्नही 5 से 8 बजे ले साइकिल के छोड़ के दूसर कौनो प्रकार के दुपहिया चाहे चारपहिया वाहन के प्रवेश पर रोक रही। एह दौरान ई मार्ग वन-वे रही। एह अवधि में पैड़लेगंज से नौकायन तक जाए वाले मुख्य मार्ग के बीच बनल सब कट के बैरियर लगा के बंद कइल जाई गाड़ियन के सर्किट हाउस ओर के मैदान में पार्क करावल जाई।

सीसी टीवी कैमरा से लैस होई रास्ता

रामगढ़ताल रोड के पूरा तरह से सीसी टीवी कैमरा से लैस कइल जाई। एह पर जीडीए के ओर से काम भी शुरू कs दिहल गइल बा। दू जगह एकर कंट्रोल रूम बनावल जाई, ताकि हर गतिविधि पर पुलिस के नजर रहे। एसपी सिटी संबंधित पुलिस वालन के एकर प्रगति जानत रहले के निर्देश भी दिहले बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]