[the_ad_group id="30365"]

योगी सरकार के DL फसीला: परमानेंट ड्राइविंग लाइसेंस खातिर यूपी में सिमुलेटर टेस्ट, 70 परसेंट नंबर एकरे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

योगी सरकार यूपी में सड़क हादसन में कमी ले आवे खातिर कमर कस लेले बिया। मंगर के उत्तर प्रदेश के योगी सरकार के अहम बइठक में 16 प्रस्तावन के पास कइल जेमे ड्राइविंग लाइसेंस से जुड़ल नया नियम सामिल है। रह बइठक में फसीला कइल गइल कि यूपी में परमानेंट ड्राइविंग लाइसेंस खातिर सिमुलेटर टेस्ट देवे के होई।

का होला सिमुलेटर ड्राइविंग टेस्ट?

सिमुलेटर ड्राइविंग टेस्ट एगो मशीन से जुड़ल सॉफ्टवेयर हs। एह टेस्ट के दौरान रउआ ई अहसास होई कि रउआ कवनो चौपहिया वाहन चला रहल बानीं। एमे रउआ स्टेयरिंग, सेफ्टी बेल्ट, वाइपर, डिपर, क्लच, एक्सिलेटर, ब्रेक सहित गाड़ी में मौजूद सब फीचर मिली। एह मशीन पs बइठ के रउआ अइसन लागी जइसे रउआ सच में गाड़ी चला रहल बानी। ई मशीन एगो छोट कमरा में लगावल जा सकत बा। पीपीपी मॉडल के तहत एह व्यवस्था के हर जिला में स्थापित कइल जाई।

परमानेंट ड्राइविंग लाइसेंस खातिर सिमुलेटर ड्राइविंग टेस्ट के प्रावधान एहिसे कइल जा रहल बा काहेकि कइयन लोग बिना सड़क आ यातायात नियमन के पालन कs के ड्राइविंग लाइसेंस तs बनवा लेले बा बाकिर ओह लो के ठीक से गाड़ी चलावे ना आवे। एह तरे गाड़ी चालक आपन जान खतरा में तs डलबे , बलुक दूसरा के जान खतरा में डालत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]