Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अब 2 जनवरी तक चली बलिया-दादर एक्सप्रेस: यात्रियन के भीड़ देखके रेलवे बढ़वलस गाड़ी नं. 01025/01026 के संचलन अवधि

200

रेलवे प्रशासन यात्रियन के भीड़ के देखत पहिले से चलावल जा रहल 01025/01026 दादर-बलिया एक्सप्रेस जवन हफ्ता में तीन दिन चलले। एकर संचलन अवधि बढ़ा दिहल गइल बा। अब ई ट्रेन 2 जनवरी 2024 तक संचालित होई। जवना के संचलन अवधि 5 सितंबर तक रहे। ई बलिया से हर बुध, सुक आ अतवार के 15:15 बजे दादर खातिर प्रस्थान करी। वापसी में दादर से सोमार, बुध आ सुक के 14:15 चली।

एकरा संचलन से छपरा के यात्रियन के विशेष लाभ मिली। छपरा बलिया रुट से मुम्बई महाराष्ट्र खातिर ई प्रमुख ट्रेनन में से एगो बा। एह से एकरा संचलन से आसपास के यात्रियन के विशेष लाभ मिलेला।

01025 दादर-बलिया त्रैसाप्ताहिक विशेष गाड़ी हर सोमार, बुध आ सुक के दादर से 14:15 बजे प्रस्थान कs के कल्याण से 15:02 बजे, नासिक रोड से 17:31 बजे, भुसावल से 21:10 बजे, दूसरका दिन हरदा से 01:07 बजे, इटारसी से 02:35 बजे, रानी कमलापति से 04:05 बजे, बीना से 06:50 बजे, ललितपुर से 08:00 बजे, टीकमगढ़ से 08:42 बजे, खरगापुर से 09:22 बजे, महाराजा छत्रसाल छतरपुर से 10:37 बजे, खजुराहो से 12:40 बजे, महोबा से 13:42 बजे, बांदा से 14:47 बजे, चित्रकूट धाम से 16:07 बजे होत बलिया 01:45 बजे पहुंची।

01026 बलिया-दादर त्रैसाप्ताहिक गाड़ी 03 जनवरी, 2024 ले हर बुध, सुक आ अतवार के बलिया से 15:15 बजे प्रस्थान कs के रसड़ा से 15:52 बजे, मऊ से 16:55 बजे, औड़िहार से 18:02 बजे, वाराणसी से 18:55 बजे, प्रयागराज जं. से 21:50 बजे, दूसरका दिन मानिकपुर से 00:57 बजे, महाराजा छत्रसाल छतरपुर से 07:02 बजे, खरगापुर से 07:42 बजे, टीकमगढ़ से 08:42 बजे चलके तीसरका दिन ईगतपुरी से 00:55 बजे आ कल्याण से 02:43 बजे छूटके दादर 03:35 बजे पहुंची।

654930cookie-checkअब 2 जनवरी तक चली बलिया-दादर एक्सप्रेस: यात्रियन के भीड़ देखके रेलवे बढ़वलस गाड़ी नं. 01025/01026 के संचलन अवधि

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.