Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नोकिया लेके आईल बा 8200mAh के बैटरी वाला सस्ता टैब, 10.4 इंच के 2K डिस्प्ले मिली

2,604

नोकिया चीन में आपन नाया टैब के रूप में नोकिया टी20 लॉन्च कईले बिया। टैब में एगो पावरफुल बैटरी अवरू प्रोसेसर दिहल गईल बा। नयका नोकिया टैब में ऑक्टा कोर यूनिसोक टी610 चिप दिहल गईल बा, इ एंड्रॉयड 11 ओएस प चलेला अवरू एकरा पीछे 8 मेगापिक्सल के कैमरा सेंसर के संगे 5 मेगापिक्सल के फ्रंट कैमरा भी दिहल गईल बा। नोकिया टी20 में 8200एमएएच के मजबूत बैटरी पैक कईल गईल बा अवरू एकरा संगे 15W के फास्ट चार्जिंग सपोर्ट दिहल गईल बा। नोकिया टी20 के भारत में नवंबर 2021 में लॉन्च कईल गईल रहे, जबकि छात्र खाती ए टैबलेट के एगो वर्जन पछिला साल चीन में नोकिया टी20 एजुकेशन एडिशन के नाम से लॉन्च कईल गईल रहे।

नोकिया टी20 के दाम अवरू रंग के विकल्प 

गिजमोचाइना के एगो रिपोर्ट के मुताबिक, नोकिया टी20 के कीमत 1,299 CNY (लगभग 15,400 रुपया) बा अवरू इ 4GB+64GB स्टोरेज मॉडल में उपलब्ध बा। ए टैबलेट के एकही नील रंग के विकल्प में बिकाई।

जईसे कि पहिले बतावल गईल बा कि, ए टैबलेट के भारत में नवंबर 2021 में 3GB रैम अवरू 32GB स्टोरेज विकल्प के संगे वाई-फाई कनेक्टिविटी के संगे 15,499 रुपया के कीमत प लॉन्च कईल गईल रहे। ए टैबलेट के 4GB रैम अवरू 64GB स्टोरेज वेरिएंट में भी लॉन्च कईल गईल रहे, जवना के कीमत 16,499 रुपया रहे, जबकि नोकिया T20 4G मॉडल सिंगल 4GB रैम अवरू 64GB स्टोरेज वेरिएंट में उपलब्ध बा, जवना के कीमत 18,499 रुपया बा।

नोकिया टी20 के फीचर 

नोकिया टी20 में 400 निट्स पीक ब्राइटनेस के संगे 10.4 इंच के 2के डिस्प्ले दिहल गईल बा। ए टैबलेट में ऑक्टा कोर यूनिसोक टी610 चिप दिहल गईल बा, जवना के संगे 4जीबी तक के रैम दिहल गईल बा। इ एंड्रॉयड 11 प काम करेला। नोकिया टी20 में 64GB तक के इनबिल्ट स्टोरेज दिहल गईल बा, जवना के माइक्रोएसडी कार्ड स्लॉट के माध्यम से 512GB तक बढ़ावल जा सकता। ए टैबलेट के आगे 5 मेगापिक्सल के सेल्फी कैमरा अवरू पीछे के ओर 8 मेगापिक्सल के कैमरा पैक कईल गईल बा। कम रोशनी में बेहतर क्वालिटी खातिर पीछे के ओर एलईडी फ्लैश बा। टैबलेट में 8200mAh के बैटरी पैक कईल गईल बा अवरू इ 15W USB-PD फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट करेला। कनेक्टिविटी के विकल्प में डबल बैंड वाई-फाई, जीपीएस अवरू यूएसबी टाइप-सी, अवरू 3.5 मिमी हेडफोन जैक दिहल गईल बा। ए टैब में धूल अवुरी पानी के प्रतिरोधक क्षमता खाती आईपी52 रेटिंग दिहल गईल बा। रिपोर्ट के मुताबिक, चीन में सिर्फ ए टैबलेट के वाई-फाई वर्जन उपलब्ध होई।

295040cookie-checkनोकिया लेके आईल बा 8200mAh के बैटरी वाला सस्ता टैब, 10.4 इंच के 2K डिस्प्ले मिली

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.