[the_ad_group id="30365"]

Google Smart Jacket: गूगल ‘स्मार्ट जैकेट’ लॉन्च कइलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सर्च इंजन ‘गूगल’ साल 2017 में स्मार्ट जैकेट पेश करे के घोषणा कइले रहे। अब कंपनी एह स्मार्ट जैकेट के लॉन्च कs देले बिया। एगो रिपोर्ट में बतावल गइल कि गूगल एह जैकेट के लिवाइस के साथे मिलकर बनवले बा। एह जैकेट में कंपनी ब्लूटूथ इनेबल ‘टैग’ देले बा। एकरा के आराम से जैकेट में फसावल जा सकत बा।

ई टैग एगो टचपैड के तरे काम करेला। एकरा मदद से रउआ म्यूजिक कंट्रोल कs सकत बानी। संगही एकरा से कइयन गो दोसर ऐप के कंट्रोल करे के सुविधा मिलेला। ई टैग बहुते छोट बा। एह वजह से एकर इस्तेमाल एह जैकेट में कइल गइल। बतावल गइल कि एकर इस्तेमाल करे ला अपना मोबाइल पs ‘जैकवार्ड ऐप’ डाउनलोड करे के होई। एह स्मार्ट जैकेट के लॉन्चिंग कीमत 198 डॉलर (करीब 15,700 रुपये) बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]