[the_ad_group id="30365"]

Nokia G42 5G: प्रीमियम कलर आ 11GB रैम के संगे आज आ रहल बा नोकिया के नया फोन, ई 5 खूबी लुभा सकत बा राउर दिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Nokia G42 5G के आज लॉन्च कइल जा रहल बा। भारतीय यूजर्स खातिर ले आवल जा रहल एह फोन में यूजर्स के प्रीमियम कलर के ऑप्शन मिली। एही के संगे फोन के 11GB रैम के संगहू ले आवल जा रहल बा। फोन के लॉन्चिंग से पहिले आईं जानल कि रउआ ई फोन काहे किने के चाहीं-

Nokia G42 5G के ई 5 खूबी लुभा सकत बा दिल

Nokia G42 5G के लॉन्चिंग से पहिलही कंपनी फोन कs के लेके कुछ स्पेसिफिकेशन के जानकारी दे दिहल गइल बा।

प्रीमियम लुक

Nokia G42 5G के किने के पहिला वजह एकर प्रीमियम लुक हो सकत बा। नोकिया अपना अपकमिंग फोन के तीन कलर ऑप्शन So Purple, So Grey में ले आवे जा रहल बा। एकरा अलावे फोन के हाले में Pink कलर में टच कइल गइल बा।

जादे रैम

Nokia G42 5G के किने के दूसरका बड़ वजह फोन के जादे रैम हो सकत बा। कंपनी के दावा बा कि अपकमिंग फोन के 11 GB रैम के संगे ले आवल जा रहल बा। माने फोन में एक संगे बहुत से ऐप्स के इस्तेमाल करे के सुविधा बनल रही।

बेहतरीन कैमरा क्वालिटी

Nokia G42 5G के कैमरा क्वालिटी के वजह से किनल जा सकत बा। फोन के कंपनी 50MP ट्रिपल रियर एआई कैमरा के संगे ले आ रहल बिया। फोन के इस्तेमाल क्लियर आ डिटेल्ड इमेज कैप्चर करे में कइल जा सकी। सेल्फी खातिर फोन में 8MP फ्रंट कैमरा मिली।

सिक्योरिटी अपडेट

कंपनी के ओर से दावा कइल गइल बा कि Nokia G42 5G खातिर हर महीना सिक्योरिटी अपडेटस के पेश कइल जाई। एह अपडेट्स के यूजर अगिला तीन सालन तक पा सकी। एकरा अलावे यूजर के 2 सालन खातिर  Android OS Update मिली।

HD डिस्प्ले

Nokia G42 5G के कंपनी बड़ HD डिस्प्ले के संगे ले आ रहल बिया। 16.6cm HD Display के संगे यूजर मूवीज देखे से लेके गेम्स खेले आ रील्स ब्राउज करे के एगो बेहतरीन एक्सपीरियंस ले सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]