[the_ad_group id="30365"]

12,000 रुपिया कम भइल Nokia X30 5G के कीमत, इहां जानीं नया कीमत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Nokia X30 5G के कुछे समय पहिले लॉन्च कइल गइल रहे। एह फोन के लगभग 6 से 7 महीना पहिले 48,999 रुपिया में पेश कइल गइल रहे। अब एकरा कीमत में अचानके 12,000 रुपिया के कटौती कs दिहल गइल बा। एह फोन के खासियत के बात करीं तs एमे AMOLED डिस्प्ले, ऑक्टा-कोर स्नैपड्रैगन 695 5G चिपसेट, 33W फास्ट चार्जिंग सपोर्ट के संगे 4200mAh के बैटरी दिहल गइल बा। चलीं जानल जाव Nokia X30 5G के नया कीमत।

Nokia X30 5G के कीमत:

Nokia X30 5G के कीमत के 12,000 रुपिया कम में किनल जा सकी। एकरा कीमत में अचानके कटौती कइल गइल बा। पहिले एह फोन के 8 जीबी रैम आ 256 जीबी स्टोरेज वेरिएंट के 48,999 रुपिया में उपलब्ध करावल गइल रहे। बाकिर अब एह कटौती के बाद 36,999 रुपिया में फोन के किनल जा सकी। एकरा संगे नो-कॉस्ट ईएमआई ऑफरो दिहल जा रहल बा।

Nokia X30 5G के फीचर्स:

एमे 6.43 इंच के फुल-HD+ (1080×2400 पिक्सल) AMOLED डिस्प्ले दिहल गइल बा। एकर रिफ्रेश रेट 120 हर्ट्ज बा। एकर पीक ब्राइटनेस 700 निट्स बा। ई फोन स्नैपड्रैगन 695 5G प्रोसेसर से लैस बा। एमे 8 जीबी रैम आ 256 जीबी स्टोरेज दिहल गइल बा। एमे एंड्रॉइड 12 दिहल गइल बा। फोन में ड्यूल रियर कैमरा दिहल गइल बा। एकर पहिला सेंसर OIS सपोर्ट के संगे 50 मेगापिक्सल के प्योरव्यू प्राइमरी कैमरा बा। दूसरका 13 मेगापिक्सल के अल्ट्रा-वाइड एंगल सेंसर हs। फोन के फ्रंट में 16 मेगापिक्सल के सेंसर दिहल गइल बा।

कनेक्टिविटी विकल्पन में 5जी, वाई-फाई 802.11 ए/बी/जी/एन/एसी/एक्स-रेडी, ब्लूटूथ 5.1, एनएफसी, जीपीएस/एजीपीएस, ग्लोनास, बेइदौ आ एगो यूएसबी टाइप-सी पोर्ट जइसन फीचर्स दिहल गइल बा। फोन में 33W फास्ट चार्जिंग सपोर्ट के संगे 4200mAh के बैटरी दिहल गइल बा। संगही एमे इन-डिस्प्ले फिंगरप्रिंट सेंसर दिहल गइल बा। एमे डस्ट आ वॉटर खातिर IP67 रेटिंग दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]