[the_ad_group id="30365"]

एआई कैमरा आ तीन दिन के बैटरी लाइफ के संगे Nokia C22 मरलस सानदार एंट्री, एह कीमत पs भइल लॉन्च

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इलेक्ट्रॉनिक कंपनी नोकिया भारतीय यूजर्स खातिर नया स्मार्टफोन Nokia C22 लॉन्च कs देले बिया। जदि रउओ एगो नया स्मार्टफोन किने के तइयारी कर रहल बानी तs नोकिया के नया स्मार्टफोन के प्री-बुक कs सकत बानी। कंपनी नया डिवाइस एआई कैमरा आ तीन दिन के बैटरी लाइफ फीचर के संगे पेश कइले बिया। आईं नोकिया के एह फोन के फीचर्स पs एक नजर डाल लिहल जाव…

Nokia C22 के कीमत

सबसे पहिले कीमत के बात करीं तs नोकिया Nokia C22 के दु वेरिएंट में लॉन्च कइले बिया। बेस वेरिएंट 2GB + 64GB स्टोरेज के संगे 7,999 रुपये में ले आवल गइल बा।

ओहिजा 4GB + 64GB स्टोरेज वेरिएंट के 8,499 रुपिया पs लॉन्च कइल गइल बा। कंपनी नया डिवाइस के Charcoal, Purple आ Sand कलर ऑप्शन में पेश कइले बिया।

Nokia C22 के स्पेसिफिकेशन

Nokia C22 के स्पेसिफिकेशन आ फीचर्स के बात करीं तs डिवाइस के 6.5 इंच के एलसीडी डिस्प्ले के संगे ले आवल गइल बा। कंपनी फोन के octa-core Unisoc SC9863A SoC प्रोसेसर के संगे पेश कइल गइल बा। Nokia C22 Android 13 Go Edition पs रन करत बा।

Nokia C22 कैमरा आ बैटरी

Nokia C22 के 13 आ 2 मेगापिक्सल सेंसर के संगे डुअल रियर कैमरा यूनिट के संगे ले आवल गइल बा। डिवाइस में एलईडी फ्लैश लाइट के सुविधो मिलत बा। फ्रंट कैमरा के बात करीं तs डिवाइस में 8 मेगापिक्सल के फ्रंट कैमरा मिलत बा।

नोकिया अपना डिवाइस के 10W चार्जिंग सपोर्ट बैटरी के संगे पेश करत बा। सिक्योरिटी खातिर डिवाइस में फिंगरप्रिंट सेंसर के सुविधो मिलत बा। फोन में यूजर के अनलॉक फीचरो मिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]