Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Vivo के एह फ़ोन पs पाईं सस्ता दाम के संगे 50MP कैमरा के माजा,filpkrat पs चल रहल बा बड़का डील

2,267

Vivo T1x smartphone offers: स्मार्टफोन निर्माता कंपनी Vivo अपना फोन में कैमरा के क्वालिटी के वजह से लोगन के बीचे खुबे पॉपुलर बीया। जे एह मार्केट में दोसर कंपनियन के स्मार्टफोंस के पछाड़तs रहेले। ओहिजे एह कंपनी के फोन में एकदम टटका फीचर होखला के कारने एकरा फोनन के ई-कॉमर्स वेबसाइट Flipkart पs बड़ा सस्ता-सुविस्ता दामन में उपलब्ध करावल गइल बा । जवना के भारी डिस्काउंट ऑफर में बेचलs जा रहल बा। दरअसल, हम बात कर रहल बानी Vivo T1x smartphone के, जवन एह समय डिस्काउंट के संगे लिस्टेड कइल गइल बा। जवना वजह से ग्राहकन के ई फोन खूबे पसन आ रहल बा। तs चलीं रवो सबके एकरा फीचर, ऑफर्स आ अउर एकरा बारे में सबकुछ विस्तार से बतावत बानी।

Vivo T1x के Specifications And Features

Vivo के एह कैमरा फीचर फोन में दिहल गईल कैमरा। के बारे में बात कइल जाए तs एह में आप सब के डुअल कैमरा के सेटअप दिहल गइल बा । जवना के प्राइमरी कैमरा 50 मेगापिक्सल के आ दूसरका 2 मेगापिक्सल के कैमरा मिल रहल बा। ओहीजे सेल्फी खातिर फोन के फ्रंट में 8 मेगापिक्सल के कैमरा दिहल गइल बा।

एकरा अलावा फोन के पावर खातिर एयर में 5000 एमएएच के दमदार बैटरी मिलतs बा । सिक्योरिटी खातिर एह फोन में साइड-माउंटेड फिंगरप्रिंट के स्कैनर दिहल बा। ओहिज़े कनेक्टिविटी केयूएसबी-सी पोर्ट, 3.5 मिमी हेडफोन जैक जइसन फीचर भी उपलब्ध बा। एह फोन के दु गो कलर ऑप्शन करीआ(ब्लैक) आ ब्लू में उपलब्ध करावल गइल।

Vivo T1x Price & Discount Offers

एह मोबाइल के भारतीय मार्केट में कीमत 16990 रूपया बा, जवना के रवा फ्लिपकार्ट पर 29 प्रतिशत के डिस्काउंट के बाद ₹11999 के कीमत पs खरीद सकतs बानी। अतने ना रवा के बैंकन के ओर से आफर के तहत बढ़िया कैशबैको मिल रहल बा। रुकिं ई डील ऑफर अभी एहिजे खतम नईखे होत। ई तमाम आफर के अलावा आप एह फोन के ईएमआई पs भी बहुत सस्ता दाम में खरीद के अपना घरे ले जा सकतs बानी।

मोबाइल फीचर्स के अगर बात कइल जाए तs एह फोन में 6.58 इंच के फुल एचडी प्लस LCD डिस्प्ले मिलतs बा । जेकर पिक्सल रेजोल्यूशन 1080 x 2408 बा । जवन 90hz रिफ्रेश रेट सपोर्ट के संगे आ रहल बा। एकरे अलावा एह में ऑक्टा कोर क्वॉलकॉम स्नैपड्रेगन 680 के चिपसेट दिहल गइल बा।एकरा साथ-ही-साथ रैम आ स्टोरेज खातिर एह में 6GB RAM आ 8GB Storage मिल रहल बा । जवन एंड्रॉयड 12 के ऑपरेटिंग सिस्टम पs काम करेला ।

544660cookie-checkVivo के एह फ़ोन पs पाईं सस्ता दाम के संगे 50MP कैमरा के माजा,filpkrat पs चल रहल बा बड़का डील

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.